पर्सा मे ग्रामीण क्षेत्र मे आतंक मचावेवाला बाघ नियन्त्रण मे

पर्सा मे ग्रामीण क्षेत्र मे आतंक मचावेवाला बाघ नियन्त्रण मे

वीरगंज ०१ चईत

पर्सा के ग्रामीण क्षेत्र मे बितल करिब एक महिना से आतंक मचावत आईल मेसे एक बाघ के नियन्त्रण मे लेहल गईल बा ।

तीन गो हाथी सहित १० दिन से खटल पर्सा आ चितवन राष्ट्रिय निकुञ्ज के प्राविधिक टोली बियफे के दिने भाले पाटे बाघ के डाट द्धारा बेहोश करके नियन्त्रण मे लेहले बा ।

दुनु निकुञ्ज के प्राविधिक आ डिभिजन वन कार्यालय पर्सा के संयुक्त टोली सखुवा प्रसौनी गाँवपालिका–२ स्थित ऊँख के खेत से उ बाघ के डाट करके बेहोस करके नियन्त्रण मे लेहल सब डिभिजन वन कार्यालय रंगपुर के प्रमुख कपिलदेव यादव जानकारी देहनी ।

एगो भाले आ एगो पोथी बाघ पर्सा के सखुवा प्रसौनी आ पटेर्वा सुगौली गाँवपालिका के अनेकन गाँव मे वितल एक महिना से आतंक मच्चावत आईल रहे । बाघ के आक्रमण से एक जने के मृत्यु भईल रहे । एक जने घायल भईल रहलन । राष्ट्रिय वन क्षेत्र लगेके उ गाँव मे उ बाघ दर्जनो चौपाया भी मरले रहे ।

डिभिजन वन कार्यालय पर्सा के प्रमुख हेमन्त प्रसाद साह के मुताविक उ बाघ के नियन्त्रण मे लेवे खातिर दुनु निकुञ्ज के १० जने प्राविधिक आ वन कार्यालय के ५ जने करके १५ जने के टोली तीन गो हाथी के साथ वितल १० दिन से खटला पर भी सफलता मिले सकल ना रहे । बाघ लुकाके रहल सम्भावित जगहासब मे उ टोली सीसीटीभी क्यामेरा भी जडान कईले रहे ।

उ दुनु बाघ ऊँख आ मकई बारी मे लुकात जगहा बदलला के चलत १० दिन तक निकुञ्ज के टोली फेला हि पारे ना सकल रहे । माकिर बुध के रात सीसीटीभी क्यामेरा मे रेकर्ड भईल फुटेज के आधार मे बियफे के दिने सखुवा प्रसौनी–२ के ऊँख खेत मे दु मेसे एगो बाघ लुकाके रहल अवस्था मे मिलला के बाद डाट के माध्यम से बेहोश करके उ १८ महिना के भाले बाघ के नियन्त्रण मे लेवेमे सफल भईल यादव बतवनी ।

दोसर पोथी बाघ अभी भी ना मिले सकल उ बतवनी । बियफे के दिने नियन्त्रण मे लेहल बाघ के खोर मे राखके गाडी मे लोड करके चितवन राष्ट्रिय निकुञ्ज के टोली लेके गईल यादव बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।