रुकल ट्रक मे मोटरसाइकल ठोकईला पर एक जने के मृत्यु

रुकल ट्रक मे मोटरसाइकल ठोकईला पर एक जने के मृत्यु

वीरगंज १० चईत

वीरगंज मे सडक मे रोकके राखल ट्रक मे मोटरसाइकल ठोकईला पर एक जने पुरुष के मृत्यु भईल बा । मृत्यु होखेवाला मे वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर २१ पटेलनगर के ४० बरीस के केदार पटेल रहल बाडन ।

वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर ३० स्थित सडक मे रोकके राखल बा.प्र.०३–००१ ख ०४०७ नम्बर के ट्रक मे शुक के रात प्र.३–६३००प ३९३८ नम्बर के मोटरसाइकल ठोकले रहे । दुर्घटना मे मोटरसाइकल चालक पटेल गम्भिर घायल भईल रहलन ।

दुर्घटना मे गम्भीर घायल उनकर बयोधा अस्पताल मे ईलाज के समय मे मृत्यु भईल पर्सा के प्रहरी नायब उपरीक्षक कुमार विक्रम थापा जानकारी देहनी । मोटरसाइकल ठोकाईल ट्रक आ उनकर चालक के पुलीस पकडल थापा बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।