रौतहट मे परीक्षा केन्द्र से निरीक्षक सहित ६ जने पकडईलें

रौतहट मे परीक्षा केन्द्र से निरीक्षक सहित ६ जने पकडईलें

रौतहट २१ चईत

रौतहट के अनेकन परीक्षा केन्द्रसब मे हृवाट्सएप लगायत सामाजिक संजाल मार्फत प्रश्नपत्र के गोपनियता भंग करेके, चिट चोरावेके जईसन हर्कत कईल आरोप मे पुलीस परीक्षा केन्द्र के निरीक्षक सहित ६ जने के पकडले बा । पकडाईल लोग के बुध के दिने अदालत से म्याद थपके आउर अनुसन्धान हो रहल बा ।

अनेकन परीक्षा केन्द्र से चिट चोरी करेमे प्रयोग भईल २ हजार २२८ थान मोबाइल भी पुलीस बरामद कईल जनवले बा ।

खुद परीक्षा निरीक्षक के रुप मे खटके चिट चोरी करावेके जईसन काम कर के परीक्षा के मर्यादा भंग कईल सूचना मिलला के बाद प्रमुख जिल्ला अधिकारी हिरालाल रेग्मी, जिल्ला प्रहरी प्रमुख एसपी महेन्द्र श्रेष्ठ, डीएसपी एलिजा गिरी आ सशस्त्र प्रहरी के एसपी बिक्रम हुमागाईं लगायत के टोली अनेकन परीक्षा केन्द्र मे छड्के जाँच कईला पर चिट चोरी करेमे प्रयोग भईल मोबाइल नम्बरसब, प्रयोगकर्ता, संलग्न आदमीसब के पहिचान करके खोजतलास करेके समय मे निरीक्षकलोग पकडाईल बाडन ।

जिल्ला प्रहरी प्रवक्ता एवं डीएसपी एलिजा गिरी के मुताविक प्रश्नपत्र के गोपनीयता भंग कईल आरोप मे राजदेवी नगरपालिका १ स्थित श्रीमावि पथरा के प्रधानाध्यापक उतिचन्द्र यादव के पकडले बा । परीक्षा निरीक्षक के रुप मे खटके चिट चोरावल आरोप मे सरस्वती मावि पिपरा परीक्षा केन्द्र के परीक्षा निरीक्षक ललनराय यादव, पथरा बुधराम परीक्षा केन्द्र के निरीक्षक राम अमोदप्रसाद यादव, शंकर मावि सरमुझवा परीक्षा केन्द्र मे खटल अबधलाल राम आ राकेशकुमार यादव के पकडल गईल डीएसपी गिरी जानकारी देहनी ।

सरस्वती मावि पिपरा परीक्षा केन्द्र मे प्रवेश करके चिट चोरावल आरोप मे पुलीस राजपुर नगरपालिका १ के राम सोगारथ साह के पकडले बा । ‘पकडाईललोग के शिक्षा ऐन, २०२८ के दफा १७ के उपदफा १ (क) अन्तर्ग के कसूर मे मुद्दा दर्ता करके अनुसन्धान सुरु कईल गईल बा,’ डीएसपी गिरी कहनी, ‘एसईई परीक्षा के मर्यादित बनावेके पडि कहके दायित्व लेहललोग चिट करावेमे लागल मिलल बा ।’ परीक्षा केन्द्र के निरीक्षकलोग भी मोबाइल एप्स प्रयोग करके चिट चोरी करावेमे सक्रिय रहल परीक्षा अनुगमन समिति के मिलल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।