विदेश जाएके परला पर सभी कागज आ नियम कानुन पुरा करके हि जाईं : निर्देशक उप्रेती
विदेश जाएके परला पर सभी कागज आ नियम कानुन पुरा करके हि जाईं : निर्देशक उप्रेती

प्रभु यादव
बारा २६ चईत
बारा के कोल्हवी मे सरोकारवाला सँगे वैदेशिक रोजगारी के बहुते सवाल मे छलफल आ बतकही कार्जक्रम पुरा भईल बा ।
नेपाल सरकार श्रम, रोजगार तथा सामाजिक सुरक्षा मन्त्रालय वैदेशिक रोजगार वोर्ड के सचिवालय बबरमहल, काठमाण्डु के आयोजना मे कार्जक्रम भईल रहे ।
कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि कोल्हवी नगरपालिका के मेयर रामप्रसाद चौधरी विदेश जाएवाला लोग सीप ना सिख के गईला से झन्झट मे फँस जाला ओहिसे सिख के जाएला सभे लोग के सुझाव देहले बानी ।
वैदेशिक रोजगार बोर्ड सचिवालय के कार्यकारी निर्देशक डाक्टर द्वारिका उप्रेती रोजगार मे जाएवाला लोग गरिबी आ वाध्यता से विदेश गईल रहेला कहके बतवले बानी । कुछ लोग अपवाद मे विदेश गईल रहेला उप्रेती जनकारी करावले बानी । बोर्ड वैदेशिक रोजगार मे जाएवाला के नियम कानुन पूरा कर के जाएला सहजोग करेला आ गईल लोग के विदेश मे मरला पर क्षतिपुर्ति कईसे मिली जवना खातिर काम कर रहल उप्रेती बतावले बानी ।
विदेश मे गईला वाद जवना कम्पनी मे गईल बा ओही कम्पनी मे रहेके पडी नात भाग के गईला वाद गईल आदमी के अङगभङ्ग चाहे मरला पर नेपाल जिम्मेवार ना होई जनकारी करावले बानी । विदेश रोजगार से फिर्ता आईल लोग के सीप सिखके आईल जवना के देश मे सुरू करेला सहुलियत मे कर्जा देके अगाडि बढावेला काम करहल बा जनकारी करावले रहनी । विदेश मे रहके सिख सीप के नेपाल मे मान्यता देवेला सिटीभिटी से सीप परिक्षण करा के प्रमाणपत्र देवेके तईयारी कईले बा कहके उप्रेती जनकारी करावले बानी ।
बोर्ड मे छव अरब ३५ करोड रकम राखल बा जवना के व्याज से संकट मे परल लोग के सहयोग करत आरहल बा । पढते कमाई करसकत बा उद्देश्य से महोतरी के जगह से पाइल्ट टेस्ट के रूपमे पेठावल जारहल कार्जक्रम सुरू कईल गईल निमन भईला पर देश भर कईल जाई उप्रेती बतावले बानी । वैदेशीक रोजगार के सम्बन्ध मे जनकारी लेवेला कल सेन्टर के सुरूवात कईल गईल निर्देशक उप्रेती बतावले बानी । विदेश जाएला कागज तईयार कईल जवना खातिर १० हजार रोपेया लेहल जाला फ्रि भिषा फ्रि टिकट मे जाएके नियम रहल बतावले बानी । देश भर मे सब से अधिक मधेश प्रदेश से विदेश लोग रोजगारी करे गईल उप्रेती बतावले बानी । कार्यकारी निर्देशक उप्रेती के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम मे पालिका सब के सरोकारवाला, संघसंस्था के प्रतिनिधि संचारकर्मी लगायत के सहभागिता रहल रहे ।






