सशस्त्र प्रहरी बल नेपाल छिनमस्ता वाहिनी मुख्यालय के ६२ जने घुमुवा कारवाही मे

वीरगंज ०७ पुस

नेपाल भारत सीमा क्षेत्र मे होखेवाला आपराधिक गतिविधि तथा तस्करी नियन्त्रण करे खातिर खटावल गईल घुमुवा आचरण विपरीत काम करे लागला के बाद सशस्त्र प्रहरी बल नेपाल छिनमस्ता वाहिनी मुख्यालय प्रदेश नं २ महोत्तरी उलोग के फिर्ता बोलवले बा ।

प्रदेश नं २ के आठ जिल्ला मे ६२ जने सशस्त्र के घुमुवा के सीमा क्षेत्र के निगरानी तथा तस्करी नियन्त्रण के खातिर खटावल गईला मे उलोग के तस्करलोग से मिल के आचरण विपरीत काम कईला के बाद उलोग के कारबाही स्वरुप महोत्तरी के बर्दिवासस्थित मुख्यालय मे तानल गईल बा ।

प्रदेश नं २ के आठ जिल्ला के घुमुवा पुलीस आचरण विपरीत काम कर रहला से उलोग के मुख्यालय मे तानल गईल स्वीकारत प्रदेश नं २ के सशस्त्र प्रहरी नायब महानिरीक्षक चन्द्रप्रकाश गौतम कहनी कि, “उ घुमुवालोग के तान के उलोग के भीड नियन्त्रण कईसे करेके, आन्दोलन मे ईटापथल चलला के बाद कईसे नियन्त्रण करेके जईसन ‘रिय रेस’ कहके तालीम देहल गईल बा ।”

उ घुमुवा सीमानाका से महिनावारी रोपेया लेके तस्करी करा रहल सूचना के आधार मे उलोग के कारबाहीस्वरुप प्रदेश प्रहरी कार्यालय मे तानल गईल कहत प्रहरी नायब महानिरीक्षक गौतम खुद प्रहरी नायब महानिरीक्षक होके प्रदेश २ मे अईला के बाद घुमुवा तस्कर सँगे के मिलीभगत मे तस्करी करा रहल उजुरी अईला से कारबाहीस्वरुप उलोग के प्रदेश मुख्यालय मे तानल गईल बतवनी ।

एहितरे सरुवा होके प्रदेश नं २ मे आईल प्रहरी नायब महानिरीक्षक गौतम सीमा क्षेत्र मे होखेवाला आपराधिक क्रियाकलाप चोरी तस्करी नियन्त्रण करेके तथा अपराध करके लुकाईल अपराधी के बारे मे सूचना देवे खातिर भारतीय समकक्षीलोग से समन्वय कईल, सशस्त्र प्रहरी के पोष्ट मे खुदे गस्ती करेके, दिनरात पेट्रोलियम गस्ती बढावल गईल तथा आचरण विपरीत काम करेवाला घुमुवा तथा सशस्त्र पुलीस के निरुत्साहित करेके काम हो रहल बतावल गईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।