मधेश के चापाकल सुखे लागल, सहजोग करीं : मुख्यमन्त्री यादव

मधेश के चापाकल सुखे लागल, सहजोग करीं : मुख्यमन्त्री यादव

जनकपुर २६ चईत

सुख्खायाम सुरु भईला सँगे मधेश मे खानेपानी के समस्या बढल कहत मुख्यमन्त्री सरोजकुमार यादव खानेपानी के समस्या समाधान के खातिर तत्कालीन आ दीर्घकालीन योजना बनावेके माग कईले बाडन ।
‘मधेश मे गर्मी के सिजन मे खानेपानी के हाहाकार हि होखी,’ संघीय खानेपानी तथा ढल निकासी विभाग धनुषा के लालगढ मे सोमार के दिने आयोजना कईल गुणस्तरयुक्त थोक खानेपानी बितरण सम्बन्धि कार्जक्रम मे मुख्यमन्त्री यादव कहनी, ‘मधेश के दक्षिणी क्षेत्र मे कुछ बरीस एने पानी के सतह घटल बा । सुख्खायाम मे खानेपानी के हाहाकार होखी ।’ कहत उ मधेश मे देखल गईल खानेपानी संकट टारे खातिर तत्कालिन आ दीर्घकालिन दुनु योजना मे काम करे खातिर संघिय सरकार के निहोरा भी कईनी ।
‘संघीय सरकार सुनकोशी–मरिन डाइभर्सन के पानी मेसे कुछ पानी के प्रशोधन करके मधेश के ६ गो जिल्ला मे खानेपानी आपूर्ति करेके योजना बनवले बा । ओकरा खातिर धन्यवाद,’ मुख्यमन्त्री यादव कहनी, ‘योजना सराहनीय बा । मधेश सरकार हाथेमालो करे खातिर प्रतिबद्ध बा ।’ ई योजना पुरा करे खातिर समय लागेवाला भईला से तत्काल के खातिर आउर उपाय निकाले खातिर निहोरा कईनी । ‘हमनी के सहजोग करीं । मधेश के चापाकल अभी हि सुखे लागल बा,’ उ कहनी ।
संघिय खानेपानी मन्त्री राजेन्द्र कुमार राई, प्रतिनिधि सभा महिला, बालबिकास तथा समाजिक समिति के सभापति किरण साह, पुर्व खानेपानी मन्त्री महेन्द्र राय यादव, मधेश सरकार के उर्जा, खानेपानी तथा सिचाई मन्त्री सिंघासन सा कलवार लगायत मधेश मे पिछिलका समय देखल गईल खानेपानी के संकट टारेके प्रयास हो रहल बतवले रहलन ।
खानेपानी तथा ढल निकास बिभाग के निर्देशक कमलराज श्रेष्ठ सुनकोशी–मरिन डाइभर्सन के पानी मेसे कुछ भाग के प्रशोधन करके मधेश प्रदेश के धनुषा से पर्सा तक खानेपानी सप्लाइ करके दिर्घकालिन समाधान करे सकेके बतवनी । उ परियोजना के खातिर ४६ अरब २० करोड १० लाख १५ हजार ४ सय ८८ रोपेया लागत अनुमान कईल भी उ जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।