जनकपुर के एक होटल मे दु जने के लास मिलल
जनकपुर के एक होटल मे दु जने के लास मिलल

जनकपुरधाम ११ वैशाख
जनकपुर के रामानन्दचोक मे रहल होटल होलिडे एण्ड गेष्ट हाउस मे एक जनानी आ पुरुष के लास मिलल बा ।
महोत्तरी के पिपरा गाँवपालिका–३ के ३१ बरीस के हितेन्द्र पासवान आ माइत पिपरा हि रहल महोत्तरी के लोहारपट्टी नगरपालिका–४ खट्टा के अन्दाजी २५ बरीस के प्रियंका कापर फाँसी लागल अवस्था मे मिलल रहलन ।
मंगर के सबेरे ११ बजे ओरी कोठरी नम्बर २०५ मे दुनु जने के लास फाँसी लागके मृत्यु भईल अवस्था मे मिलल धनुषा के प्रहरी प्रवक्ता डीएसपी रञ्जन अवा बतवनी । कोठरी भितर जनानी के साढे २ बरीस के बेटी रोरहल आवाज सुनला के बाद झ्याल से देखला पर दु जने फाँसी लटकल देखला के बाद होटल सञ्चालक पुलीस के खबर कईले रहलन ।
धनुषा के प्रहरी टोली घटनास्थल मे पुगके दुवारी तुरके लईकी के बाहर निकलले रहे । उलोग चार दिन से उ होटल मे रहत रहलन । पुरुष के चार आ जनानी के १ सन्तान बाडन । घटनाबारे आउर अनुसन्धान हो रहल पुलीस जनवले बा ।






