वीरगंज के अलौ मे सात गो घर जरल, करिब ५४ लाख के नोक्सानी भईल
वीरगंज के अलौ मे सात गो घर जरल, करिब ५४ लाख के नोक्सानी भईल

वीरगंज ११ बैशाख
वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. १७ स्थित अलौ मे आजु सबेरे आगलागी भईला पर सात गो घर जरल बा । वीरगंज महानगरका–१७ के महेन्द्र सहनी के फुस के घर मे बिजुली सर्ट होके लागल आगी लगेके सात घर मे फईलला पर ५३ लाख ९० हजार रोपेया बराबर के क्षति भईल वीरगंज महानगरपालिका–१७ के वार्ड अध्यक्ष राजीबबहादुर क्षेत्री बतवनी ।
’सात जने के फुस के घर सहित आउर लत्ताकपडा आ बरतन भी जरल बा,’ कहत उ, ’बडका आगलागी भईला से भी तत्काल नियन्त्रण होखे ना सकल । फुस के घर मात्र ना, गाईगोठ लगायत संरचना भी जरके नोक्सान भईल बा ।’
जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रहरी नायब उपरीक्षक कुमारविक्रम थापा दु गो दमकम के सहायता से दु घण्टा मे आगी बुतावल बतवनी ।
आगलागी से महेन्द्र सहनी के घर, अन्न, लत्ताकपडा नष्ट भईला पर १० लाख ६३ हजार रोपेया बराबर के क्षति भईल बा । सहनी के सोनाचाँनी, एगो गाई आ चार गो बकरी भी जरल बा । आगलागी से सहनी के पडोसी मैना सहनी के घर के अन्नपात, लत्ताकपडा आ चार गो मालजाल करके आठ लाख ६८ हजार रोपेया बराबर के क्षति भईल पुलीस के प्रारम्भिक अनुसन्धान से देखवले बा । उहे जगहा के वीरेन्द्र सहनी के घर, अन्नपात आ आउर समान सहित चार लाख ८० हजार रोपेया बराबर के क्षति भईल बा । एहितरे तुहान सहनी के भी घर, अन्नपात, लत्ताकपडा सोना चाँनी सहित के गरगहना जरला पर ११ लाख ६० हजार रोपेया बराबर के क्षति भईल बा ।
पर्सा प्रहरी के मुताविक फुलदेव सहनी के घर, अनपात, लत्ताकपडा, सरसामान, सोना चाँनी करके चार लाख १६ हजार रोपेया बराबर के क्षति भईल बा । अभय सहनी के सात लाख ८० हजार रोपेया बराबर के क्षति भईल प्रारम्भिक अनुमान बा । उहे जगहा के अदालत साह के छ लाख २३ हजार रोपेया बराबर के क्षति भईल बा ।
वार्ड अध्यक्ष क्षेत्री वार्ड कार्यालय लगे पर्याप्त बजेट ना भईला से विषद् व्यवस्थापन समिति मार्फत तत्काल राहत प्रक्रिया अगाडि बढावेके बतवनी ।





