वार्ड अध्यक्ष पटेल कईलें राम जानकी मठ के शिलान्यास

वार्ड अध्यक्ष पटेल कईलें राम जानकी मठ के शिलान्यास

मेवालाल यादव

रौतहट १४ बैशाख

रौतहट के इनर्वा मे राम जानकी मठ के निर्माण काम के शिलान्यास भईल बा । बौधिमाई नगरपालिका वार्ड नं. २ इनर्वा अवस्थित रामजानकी मठ के वार्ड अध्यक्ष धर्मेन्द्र पटेल शिलान्यास कईले बानी ।
जिर्ण अवस्था मे रहल रामजानकी मठ के कम्पाउण्ड वाल तथा गेट निर्माण खातिर शिलान्यास कईल वार्ड अध्यक्ष धर्मेन्द्र पटेल बतवनी । संस्कृति, पर्यटन तथा नागरिक उड्डयन मंत्रालय, मधेश प्रदेश सरकार के २० (बीस) लाख के लगत मे बौधिमाई नगरपालिका रामजानकी मठ के कम्पाउण्ड वाल तथा गेट निर्माण काम वार्ड नं.२ इनर्वा मे शिलान्यास भईल बा ।
धार्मिक सांस्कृतिक मूल्य मान्याता एवम परंरागत रुप मे समाज मे रहल नैतिक ब्यवहारसब के संरक्षण एवम जगेर्ना के खातिर रामजानकी मठ के कम्पाउण्ड वाल तथा गेट निर्माण काम के शुरुवात भईल बा । शिलान्यास कार्जक्रम मे स्थानिय नेता, समाजसेवी एवम बुद्धिजीवीलोग के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।