एमाले आ कांग्रेस मिलके तत्काल सरकार बने सकेके अवस्था नईखे : पूर्व मन्त्री साउद
एमाले आ कांग्रेस मिलके तत्काल सरकार बने सकेके अवस्था नईखे : पूर्व मन्त्री साउद

वीरगंज १५ बैशाख
पूर्वपरराष्ट्रमन्त्री तथा नेपाली कांग्रेस के केन्द्रीय सदस्य एनपी साउद नेपाली कांग्रेस आ नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी (एमाले) मिलके तत्काल सरकार बनेके अवस्था ना रहल बतवले बानी ।
नेपाल प्रेस युनियन पर्सा से शनिचर के दिने वीरगंज मे आयोजना कईल पत्रकार सम्मेलन मे नेता साउद प्रमुख राजनीतिक दलसब बीच प्रशासनिक सत्तासाझेदारी आ सजिलोपन के खातिर सरकार गठन करेके ना होखी कहके बिचार रखनी ।
“प्रशासनिक सत्ता साझेदारी भा सहजता के खातिर मात्र प्रमुख राजनीतिक दल मिलके सरकार बने ना सकि,” कहत उ, “कउनो प्रमुख राजनीतिक दल मिलके बनेवाला सरकार राष्ट्रिय मुद्दा के सम्बोधन करेके पडि । नेपाल के सन्दर्भ मे भी संवैधानिक मुद्दाबारे जउना के दु गो प्रमुख पार्टी के सरकार बनला के बाद संविधान संशोधन के प्रक्रिया से टुङ्ग्यावेके मुद्दा बा आ उ मुद्दा सम्बोधन करेके सन्दर्भ मे दुनु पार्टीबीच पारदर्शी सहमति भईला पर मात्र सत्तासाझेदारी कईल जा सकता । ओकरा बाहेक प्रशासनिक सजिलोपन के खातिर आ सत्ता साझेदारी जनावेके बात के खातिर मात्र प्रमुख राजनीतिक पार्टी हि सरकार मे जाएके क्रम देश मे चलला पर जनता के नजर मे लोकतन्त्र के मूल्य घट सकता ।”
नेता साउद काल्हु तक अईला पर परम्पर विरोधी होके चुनाव मे प्रतिस्पर्धा करेवाला कुर्सी भा सत्ता के स्वाद लेवे खातिर आपन आस्था, विश्वास आ फरक दृष्टिकोण के एक ओरी थाती राखके सरकार गठन करेके ओरी मात्र अगाडि बढल लोकतन्त्र के खातिर बढिया ना होखेके बतवनी ।
“हमनी देश भितर रहल अस्थिरता मचावेके खोजेवाला शक्ति के भी लोकतन्त्र के परिधि भितर लियावेके जउन प्रयास कररहल बानी । जदि प्रमुख राजनीतिक पार्टी बीच हि सत्ता आ शक्ति के खातिर गठबन्धन भईला पर एकर फायदा लेके अस्थिरता मे खेले खोजेवाला राजनीतिक लाभ भा फायदा उठा सकत बाडन,” उ कहनी, “नेपाली कांग्रेस एमाले से गठबन्धन करके सरकार मे जाएके परला पर पार्टी के केन्द्रीय समिति मे पर्याप्त छलफल करके मात्र अगाडि बढी । जहाँ तक अनेकन समीकरण के बातसब बा । नेपाली कांग्रेस केहु के निषेध करेके उद्देश्य से कउनो भी समीकरण ना करी । हमनी कउनो भी बात परिपक्व भईला के बाद मात्र ओकर रास्ता मे अगाडि बढल जाई ।”
कांग्रेस जनस्तर आ संसदीय मोर्चा दुनु मे प्रभावकारी तरिका से रचनात्मक प्रतिपक्ष के भूमिका निर्वाह करेवाला नेता साउद के कहनाम रहे । कांग्रेस के कुछ कमीकमजोरी भईला पर ओकरा के सँचिया के अगाडि बढे सकेके उ बतवनी । “वर्तमान परिप्रेक्ष्य मे कांग्रेस प्रतिपक्ष के भूमिका सशक्त आ प्रभावकारी तरिका से निचाई,” कहत उ, “रचनात्मक प्रतिपक्ष के रूप मे रचनात्मक काम करे खातिर हमनी चाहत बानी ।”
पूर्वमन्त्री साउद कांग्रेस संसद् भितर से सरकार मे भईल विरोधाभाष, विसङ्गति आ सरकार से दायित्व निर्वाह करेमे चुकल विषय मे संवेदनशील होके कांग्रेस संसद् आ जनस्तर दुनु मे आवाज उठावत आईल बतवनी । कांग्रेस एगो जिम्मेवार लोकतान्त्रिक पार्टी भईला से लोकतन्त्र के जोगावे खातिर अविछिन्न रूप मे कटिबद्ध होत अगाडि बढेके उ प्रतिबद्धता भी जनवनी ।





