रौतहट मे गाँजासहित दु जने पकडईलें

रौतहट मे गाँजासहित दु जने पकडईलें

रौतहट १५ बैशाख

रौतहट के कटहरिया नगरपालिका से पुलीस शनिचर के दिने लागूऔषध गाँजा सहित मरद मेहरारु के पकडले बा ।
करिब साढे १० किलो ५ सय ग्राम गाँजासहित बारा के निजगढ–१ रहेवाला ४२ बरीस के अनन्त बराइली (चालक), उनकर मेहरारु ३५ बरीस के मञ्जु बराइली के पकडाईल बाडन । अस्थायी प्रहरी पोष्ट छेदीचोक से खटल टोली कटहरिया–२ मे प्र.२–०३–००१ ह–३१५ नम्बर के अटोरिक्सा रोकके जाँच करेके समय मे चालक बईठेवाला सिट के निचे लाल रङ के प्लास्टिक मे लपेटल अवस्था मे गाँजा पकडल जिल्ला प्रहरी रौतहट के प्रहरी निरीक्षक झलकप्रसाद शर्मा बतवनी । ‘गाँजा कहाँ से लियावल आ एकर बिक्रेता के ह कहके पत्ता लगावल जा रहल बा,’ कहत उ, ‘पकडाईल दम्पती से पुछपाछ के बाद सभी बात खुली ।’
पूर्व–पश्चिम राजमार्ग के धन्सार से कटहरिया आवेवाला भितरी सडक प्रयोग करके गाजा ढुवानी होत आईल सूचना मिलला के बाद पुलीस उ भेग मे निगरानी बढवले रहे । मकवानपुर से लागूऔषध के कारोबारीलोग सजिलो से धन्सार रास्ता के प्रयोग करत आईल पुलीस के जानकारी मिलल रहे । उहे कारण गाँजा सहित बराइली दम्पती के पकडेमे सफल भईल प्रहरी निरीक्षक शर्मा जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।