देश के विकास आ आर्थिक समृद्धि एमाले से मात्र सम्भव बा : उपाध्यक्ष पोखरेल

देश के विकास आ आर्थिक समृद्धि एमाले से मात्र सम्भव बा : उपाध्यक्ष पोखरेल

वीरगंज १७ बैशाख

नेकपा एमाले पर्सा के ९ वाँ जिल्ला अधिवेशन के उदघाटन सत्र सोमार के दिने पुरा भईल बा । वीरगंज के लालबंगला परिसर मे आयोजना कईल कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि एमाले के वरिष्ठ उपाध्यक्ष ईश्वर पोखरेल देश के विकास आ आर्थिक समृद्धि एमाले से मात्र सम्भव रहल दाबी कईनी ।
देश के सात गो प्रदेश मे औद्योगिक क्षेत्र आ ७५३ गो पालिका मे औद्योगिक ग्राम स्थापना करेके मान्यता एमाले के रहल नेता पोखरेल बतवनी । एकरा से रोजगारी के सृजना करेके आ युवालोग के विदेश पलायन रोके सकेके आ देश समृद्ध आ सुखी होखेके विश्वास व्यक्त कईनी ।
उपाध्यक्ष पोखरेल देशभर एमाले के संगठन बरियार ना भईला पर जनता के चाहना पुरा होखे ना सकेके भईला से पर्सा मे भी एमाले के पहिलका पार्टी बनावेवाला किसिम से संगठन निर्माण मे एकजुट होके लागे खातिर जिल्ला के नेता कार्यकर्तालोग के निर्देशन देहले रहनी । उ ईलाम आ बझाङ मे अभी भईल उपनिर्वाचन के परिणाम से एमाले के लोकप्रियता आउर बढत गईल पुष्टि कईल बतवनी ।
उ कहनी, ‘एकरा से पहिले कांग्रेस से जितल बझाङ मे अभी एमाले के उम्मेदवार विजयी भइल बाडन । ओने इलाम मे भी जारी मतगणना के परिणाम से एमाले के जित सुनिश्चित कईले बा । इलाम मे भी एमाले जितेके बात डिक्लियर भइल बा ।’
दु जिल्ला मे भईल उपनिर्वाचन के परिणाम से देश मे एमाले के बहुमत लियावे खातिर जनता हि आतूर रहल तथ्य के प्रमाणित कईल भी उ बतवनी । पूर्व उपप्रधानमन्त्री भी रहल पोखरेल राष्ट्रिय राजनीति मे एमाले के बर्चश्व हाबी होत गईल बतवनी । अभी देश मे विद्यमान राजनीतिक अस्थिरता आ दुरदशा के अन्त्य करे खातिर अब के निर्वाचन मे कउनो ना कउनो दल के एकल बहुमत होखेके जरुरत देखल गईल बतावत उ बहुमत एमाले हि लियावेके जिकिर कईनी । नेता पोखरेल कहनी, ‘काहेकी जनता कांग्रेस, माओवादी आ नयाँ नक्कलेसब के देख चुकलें । उलोग से देश के भलाई होखे ना सकी, ओकरा चलते अब जनता एमाले के बहुमत के सरकार चाहत बाडन ।’ एमाले पर्सा के अध्यक्ष डा. विश्वम्भर शर्मा के अध्यक्षता मे भईल उदघाटन समारोह मे एमाले के मधेस प्रदेश इन्चार्ज एंव पूर्वमन्त्री योगेश भट्टराई, पोलिट ब्यूरो सदस्यलोग जुली महतो, अच्युत मैनाली आ केन्द्रिय सदस्यलोग राजकुमार गुप्ता, प्रभु हजरा, निर्मला देवकोटा लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहनी । अधिवेशन के बन्दसत्र मंगर के सबेरे ८ बजे से क्लासिक बैंक्वेट मे होखेके जनावल गईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।