पर्सा के ठोरी छोटी भन्सार बुध से चालु होखी
पर्सा के ठोरी छोटी भन्सार बुध से चालु होखी

वीरगंज १८ बैशाख
पर्सा के ठोरी नाका मे बरीसो से बन्द अवस्था मे रहल ठोरी छोटी भन्सार कार्यालय बुध से फेनु चालु होखेके जनावल गईल बा ।
पर्सा जिल्ला के दुसरका नाका ठोरी मे अवस्थित छोटी भन्सार कार्यालय के नयाँ भवन निर्माण करके स्तरोन्नति कईला बरीसो बितला पर भी भन्सार विभाग कर्मचारी के व्यवस्थापन ना कईला से उ छोटी भन्सार कार्यालय लम्हर समय से बन्द अवस्था मे रहे ।
माकिर अभी संघीय सरकार के मन्त्रिपरिषद् बईठक से ठोरी छोटी भन्सार कार्यालय फेनु सञ्चालन मे लियावे के निर्णय कईला से बुध से ठोरी छोटी भन्सार कार्यालय पुनः सञ्चालन मे लियावे लागल वीरगंज भन्सार कार्यालय के सूचना अधिकारी रघुलाल कर्ण जानकारी देहनी ।
उनका मुताविक मन्त्रिपरिषद के निर्णय मुताविक अर्थ मन्त्रालय के निर्देशन मे ठोरी छोटी भन्सार कार्यालय मे वीरगंज भन्सार कार्यालय से नायब सुब्बा अभिषेक सिंह सहित दु जने कर्मचारी खटावल गईल आ बुध के सबेरे एक औपचारिक कार्जक्रम करके भन्सार कार्यालय फेनु सञ्चालन मे लियावे लागल बा ।
बुध के कार्जक्रम मे भन्सार विभाग के महानिर्देशक डुण्डी प्रसाद निरौला, पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी दिनेश सागर भुसाल, वीरगंज भन्सार कार्यालय के प्रमुख भन्सार प्रशासक डिलाराम पन्थी लगायत के उपस्थिति रहेके जनावल बा ।
एकरा से पहिले बितल माघ २७ गते तत्कालीन अर्थमन्त्री रामशरण महत से उदघाटन करके सञ्चालन करेके कार्जक्रम तय भईल रहे । माकिर उ कार्जक्रम अन्तिम समय मे आके स्थगित भईल रहे ।
पर्सा के ठोरी गाँवपालिका तथा चितवन के माडी नगरपालिका आ भरतपुर महानगरपालिका के जनप्रतिनिधिलोग के संयुक्त टोली काठमाण्डु स्थित अर्थमन्त्रालय, भन्सार विभाग लगायत के निकाय मे बेर बेर पुगके ठोरी छोटी भन्सार फेनु चालु करे खातिर दबाब सहित के निहोरा करत आईल रहलन ।






