मधेस प्रदेश मे आगलागी से रु ४६ करोड के नोक्सानी
मधेस प्रदेश मे आगलागी से रु ४६ करोड के नोक्सानी

जनकपुरधाम, २२ वैशाख
मधेस प्रदेश के अनेकन जिल्ला मे आगलागी से वितल १० महिना मे रु ४६ करोड से बेसी मूल्य बराबर के धनसम्पत्ति जरके नोक्सान भईल बा ।
मधेस प्रदेश प्रहरी कार्यालय आगलागी के सम्बन्ध मे जिल्ला से अभी तक सङ्कलन कईल तथ्याङ्क विवरण मुताविक मधेस प्रदेश के आठ गो जिल्ला मे आगलागी से क्षति भईल जनवले बा ।
अभी भी प्रदेश के कउनो ना कउनो जगहा मे आगलागी हो रहला से आगलागी से सुरक्षित तथा सर्तक रहेके साथे पीडित के सहजोग के खातिर निहोरा कईल बा ।
मिलल विवरण मे धनुषा मे रु आठ करोड ४९ लाख, महोेत्तरी मे रु चार करोड १४ लाख, सर्लाही मे रु चार करोड ४१ लाख, सप्तरी मे रु पाँच करोड ४१ लाख, सिरहा मे रु आठ करोड ४९ लाख, रौतहट मे रु चार करोड ९८ लाख, बारा मे रु चार करोड १७ लाख आ पर्सा मे रु पाँच करोड ७२ लाख मूल्य बराबर के भौतिक सम्पत्ति जरके नोक्सान भईल बतावल गईल बा ।
मधेस प्रदेश के सिरहा मे सबसे बेसी तथा सर्लाही मे सब से कम आगलागी के घटना भईल बा । उ समय मे सिरहा मे दु सय १६ तथा सर्लाही मे एक सय छ आगलागी के घटना भईल विवरण मे जनावल गईल बा ।
एहितरे सप्तरी मे एक सय ७२, धनुषा मे एक सय ४५, महोत्तरी मे एक सय ३०, रौतहट मे एक सय ८३, बारा मे एक सय २१ तथा पर्सा मे एक सय २८ आगलागी के घटना भईल विवरण मे उल्लेख कईल बा ।
लम्हर समय से आकासे पानी ना परल तथा धिकल हावा आ बढल गर्मी के चलते आगलागी के घटना बहुते भईल पुलीस के अनुमान रहल बा । साथे मानवीय लापरबाही तथा प्राविधिक समस्या से भी आगलागी के घटना तथा क्षति भईल बा ।





