गाँजा सहित मकवानपुर के दु जनानी वीरगंज मे पकडईली
गाँजा सहित मकवानपुर के दु जनानी वीरगंज मे पकडईली

वीरगंज २३ बैशाख
वीरगंज मे गाँजा सहित मकवानपुर के दु जनानी पकडाईल बाडन । पकडाएवाला मे मकवानपुर के राक्सिराङ गाँवपालिका–२ के ४२ बरीस के इन्द्र कुमारी चेपाङ आ उहे जगहा के ४२ बरीस के फुलमाया स्याङ्बो रहल बाडन ।
उलोग के साथ से १० किलो गाँजा बरामद भईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक कुमार विक्रम थापा जानकारी देहनी ।
उनका मुताविक नारायणगढ से वीरगंज आरहल ना ४ ख ५९३७ नम्बर के यात्रुबाहक बस प्रहरी वीरगंज–२१ गण्डक चोक मे रोकके चेकजाँच कईले रहे । उ समय मे उ बईठल पछाडि के सिट मे बईठल इन्द्र आ फुलामाया के साथ मे रहल करिया रङ के २ गो झोरा से १० किलो गाँजा बरामद कईल थापा बतवनी । गाँजा सहित पकडाईल दुनु जनानी के पुलीस हिरासत मे राखके उलोग विरुद्ध लागूऔषध सम्बन्धी कसुर मे आउर अनुसन्धान काम हो रहल थापा जानकारी देहनी ।






