पर्सा के वनक्षेत्र अभी तक सुरक्षित, सावधानी आ सतर्कता अपनावल जरुरी : डिभिजन वन कार्यालय पर्सा

पर्सा के वनक्षेत्र अभी तक सुरक्षित, सावधानी आ सतर्कता अपनावल जरुरी : डिभिजन वन कार्यालय पर्सा

वीरगंज २४ बैशाख

पर्सा के ग्रामीण कृषि क्षेत्र मे आगलागी के घटना घटला पर भी वनजङ्गल अभी तक सुरक्षित रहल बा । नेपाल के अधिकांश जिल्ला मे वन मे आगी लाग रहल समय जिल्ला भितर रहल वन क्षेत्र सुरक्षित देखल गईल बा ।
डिभिजन वन कार्यालय पर्सा के डिभिजन वन अधिकृत सुनिलकुमार कर्ण पर्सा मे ई याम मे बडका प्रकृति के डढेलो ना लागल बतवले बानी । “ई सिजन मे पर्सा मे डढेलो लागके वनजङ्गल मे लकडी मे बहुते नोक्सानी भईल नईखे माकिर कृषि उपज क्षेत्र मे आगलागी के समस्या देखल गईल रहे”, उ कहनी, “सुरुआती चरण से वनजङ्गल मे होखे सकेवाला आगलागी के विषय मे सतर्कता आ सावधानी अपनावेके कहला से भी अभी तक इहाँ के वन मे आगलागी भईल नईखे ।”
पर्सा मे चालु आर्थिक बरीस के करिब १० महिना मे आगलागी से रु ६ करोड बराबर के धनसम्पत्ति जरके नोक्सान भईल बा । मधेस प्रदेश प्रहरी कार्यालय के मुताविक पर्सा जिल्ला मे चालु आव के वैशाख २१ गते तक रु पाँच करोड ७२ लाख बराबर के धनसम्पत्ति नोक्सान भईल बा ।
पर्सा मे बितल वैशाख ८ गते सीमावर्ती भारत के गहुँ खेत से सुनगल आगी पर्सा के छिपहरमाई गाँवपालिका–१ झलमहिया बस्ती के १५ किसान के अन्नबाली सहित के फुस के घर जरला पर रु १२ लाख ८४ लाख बराबर के क्षति भईल रहे । आगी से ईहाँ के १५ किसान के गहुँ, अन्नबाली, पुरा, मुर्गी फर्म आ फुस के घर लगायत मे नोक्सानी पुगईला पर रु १२ लाख ८४ हजार बराबर के क्षति भईल रहे ।
बितल वैशाख ११ गते वीरगंज महानगरका–१७ के महेन्द्र सहनी के फुस के घर मे विद्युत् के तार ‘सट’ होके सुरु भईल आगलागी से उहे जगहा के सात जने के फुस के घर सहित अन्नपात, सोनाचाँनी आ मालजाल मरला पर रु ५३ लाख ९० हजार बराबर के क्षति भईल रहे । “आउर जिल्ला मे जईसन पर्सा मे वन क्षेत्र मे आगी लागल नईखे,” वन अधिकृत कर्ण कहनी ।
उ जिल्ला के ६ गो सबडिभिजन वन कार्यालय जनचेतनामूलक कार्जक्रम सञ्चालन कईला से भी वन मे आगी लगावेके काम ना भईल हो सकेके बतवनी । “वितल समय मे राष्ट्रिय निकुञ्ज क्षेत्र मे चोरी सिकारी करेवाला आगी लगाके चोरीसिकारी करेके प्रवृत्ति रहे,” उ कहनी, “ई पाली सावधानी अपनईला से आगजनी के घटना होखे नईखे सकल माकिर अभी भी सावधानी आ सतर्कता अपनावल जरुरी देखल गईल बा ।”
यद्यपि पर्सा के एकाध वन मे आगलागी सुरु होखेके खोजला पर भी तुरुन्त बुतावल रहे । जिल्ला मे ६ गो सबडिभिजन वन कार्यालय बा । पर्सा के क्षेत्रफल एक लाख ४० हजार चार सय ३४ हेक्टर बा । जउना मेसे आठ दशमलव २३ प्रतिशत वन क्षेत्र छेकले बा । डिभिजन वन कार्यालय मातहत ११ हजार चार सय ५१ दशमलव २८ हेक्टर वन क्षेत्र परेला । ई तथ्याङ्क मे निकुञ्ज क्षेत्र समावेश कईल नईखे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।