रौतहट पुलीस १३ लाख मूल्य बराबर के समान आ सवारी साधन भन्सार बुझवलख

मेवालाल यादव
रौतहट २३ फागुन
नेपाल पुलीस रौतहट जिल्ला के अनेकन नाकासब से पकडल गईल चोरी निकासी पैठारी के १३ लाख मूल्य बराबर के समान आ सवारी साधन कार्यवाही के खातिर जिल्ला भन्सार कार्यालय मे बुझावल गईल बा ।
नेपाल भारत सिमा बन्द भईल अवस्था मे आउर रास्ता होके भारत से नेपाल मे लिया रहल कपडा लत्ता, खाद्यान्न सामान लगायत के सामान पकड के नेपाल पुलीस कार्यवाही के खातिर भन्सार कार्यालय चलान कईले बा ।
सिमा क्षेत्र से होखेवाला भन्सार छली चोरी निकासी आ पैठारी के काम नियंत्रण करेके अभियान अंतर्गत गस्ती टोली चेकजाच करेके समय मे पकडल गईल १२ लाख ९६ हजार ३८० रोपेया बरावर के समान आ सवारी साधन भन्सार कार्यलय मे पठावल गईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय रौतहट के प्रवक्ता प्रहरी नायव उपरीक्षक भारत श्रेष्ठ जानकारी देहले बानी ।
बिना भन्सार के चोर रास्ता होके नेपाल मे लिया रहल अवस्था मे पकडाईल खंसी ४ गो, ट्रयाक्टर के ट्रली मे लोड करके लियावल अल्मुनियम के दुवारी ८ गो, झ्याल–१९ गो आ ओमे लागेवाला विड सहित १ गो ट्रयाक्टर, २ गो बलोरो, १ गो मारुती कार, २ गो मोटरसाईकल भी पकडके गम्छा, खैनी, अन्डर वेयर, सुती साडी, पेन्ट, कस्मेटिक लगायत के सर–सामानसब आ २ जने आदमी रहल पुलीस जनवले बा । भन्सार चलान कईल ट्रेक्टर, कार, बोलोरो के नम्बर तथा पकडाईल आदमी के नाम पुलीस सार्वजानिक कईले नइखे ।






