छिपहरमाई मे मेयर कप टि–२० क्रिकेट टुर्नामेन्ट सुरु

छिपहरमाई मे मेयर कप टि–२० क्रिकेट टुर्नामेन्ट सुरु

वीरगंज २५ बैशाख

पर्सा के छिपहरमाई गाँवपालिका मे पालिका स्तरीय मेयर कप टि–२० क्रिकेट टुर्नामेन्ट मंगर से सुरु भईल बा ।
छिपहरमाई गाँवपालिका के सहजोग आ युवा समाज भिस्वा क्रिकेट कल्ब के आयोजना मे भईल टुर्नामेन्ट के एक कार्जक्रम के बीच गाँवपालिका के अध्यक्ष मनोज कुमार गुप्ता ब्याटिङ करत उदघाटन कईले बाडन ।
प्रमुख अतिथि अध्यक्ष गुप्ता उदघाटन करत अब के युवालोग के खेलकुद मे मात्र जरुरत ना होके देश चलावे खातिर भी युवा के जरुरत रहल बतवनी । युवालोग के खेलकुद के माध्यम से शारीरिक आ मस्तिष्क विकास के साथे गाँवपालिका के नाम देश विदेश मे चिन्हावेवाला भईला से खेलसब के प्राथमिकता मे राखल बतवनी ।
वार्ड नं ५ भिस्वा खेलमैदान मे भईल मेयर कप टि–२० क्रिकेट टुर्नामेन्ट के पहिलका खेल क्रिकेट कल्ब भिस्वा आ पकहामैनपुर गाँवपालिका के सबैठवा बीच भईला मे टस जितके भिस्वा पहिलका बैटिंग करत २ ओभर के खेल मे ११ रन बनईला के बाद पानी परला के चलते खेल रुकल आयोजक कमिटि के मनोज पटेल बतवनी । आजु रुकल खेल बिहान बुध के दिने होखेके आयोजक जनवले बा । वार्ड नं ५ भिस्वा के वार्ड अध्यक्ष मौजीलाल साह कानु के अध्यक्षता मे भईल उदघाटन सत्र मे उपाध्यक्ष लिलावती देवी कानु, प्रमुख प्रसाशकीय अधिकृत अशोक रौनियार, सशस्त्र प्रहरी बल लहावरथकरी के डिएसपी प्रेमबहादुर कठायत, वार्ड अध्यक्ष कामेश्वर यादव, महेन्द्र साह कलवार, दिपेन्द्र सिंह, कार्यपालिका सदस्य, महिला सदस्य, शिक्षक, स्थानियलोग के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।