वीरगंज मे हो रहल अघोषित लोडसेडिङ तत्काल हटावे खातिर रास्वपा बुझवलख ध्यानाकर्षण पत्र

वीरगंज मे हो रहल अघोषित लोडसेडिङ तत्काल हटावे खातिर रास्वपा बुझवलख ध्यानाकर्षण पत्र

वीरगंज २७ बैशाख

राष्ट्रिय स्वतन्त्र पार्टी (रास्वपा) वीरगंज आ ई आसपास के क्षेत्र मे विद्युत आपूर्ती मे हो रहल समस्या तत्काल समधान करेके माग कईले बा । समस्या समाधान मे ढिलाई कईला पर आन्दोलन मे उतरेके चेतावनी भी देहले बाडन ।
रास्वपा के पर्सा क्षेत्र नम्बर १ के नेता कार्यकर्तालोग बियफे के दिने नेपाल विद्युत प्राधिकरण वीरगंज वितरण केन्द्र मे पुगके ध्यानाकर्षण पत्र बुझावत विद्युत आपूर्ती मे देखल गईल समस्या तत्काल समाधान करेके माग कईले बाडन ।
गर्मी सुरु भईला सँगे वीरगंज आ ई आसपास के क्षेत्र मे बेर–बेर बिजुली के लाइन कटेके समस्या से इहाँ के जनजिवन हि कष्टकर बनल बा । प्रचण्ड गर्मी से जनजिवन हि अस्तव्यस्त बन रहल समय छिनछिन मे बिजुली के लाइन भी काट रहला के चलते स्थानीय आउर समस्या मे परल बाडन ।
रास्वपा के क्षेत्रीय सभापति शोएब अनवर विद्युत प्राधिकरण वीरगंज वितरण केन्द्र के प्रमुख अवधेश कुमार दुबे के चेतावनी सहित के ध्यानाकर्षण पत्र बुझवले बाडन । गर्मी के चलते आजित बनल वीरगंजबासी विद्युत प्राधिकरण के अघोषित लोडसेडिङ से आउर पिडा मे परला के साथे उद्योगसब भी संकट मे परल कहत रास्वपा विद्युत आपूर्ती मे देखल गईल समस्या तत्काल समाधान करेके माग कईले बा ।
जदि विद्युत आपूर्ती मे देखल गईल अघोषित लोडसेडिङ के समस्या तत्काल समाधान ना कईला पर प्राधिकरण विरुद्ध रास्वपा आन्दोलन मे उतरेके चेतावनी भी देहल रास्वपा के युवा नेता महादेव प्रसाद कुर्मी बतवनी ।
विद्युत प्राधिकरण मे ध्यानाकर्षण पत्र बुझावे गईल टोली मे रास्वपा के मधेस प्रदेश सदस्य मुकेश कुमार कुर्मी, शिक्षा विभाग उपप्रमुख सोनालाल पटेल, सन्चार विभाग के सदस्य प्रभात चौरसिया, खेलकुद विभाग सदस्य पुन्देश्वर यादव, नेतालोग दीपराज कुर्मी, राम आर्य, प्रकाश साह, राजनन्दन कलवार, उमेश साह, कृष्ण पासावान लगायत के उपस्थिति रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।