चापाकल सुखला के बाद वीरगंज मे खानेपानी के हाहाकार

चापाकल सुखला के बाद वीरगंज मे खानेपानी के हाहाकार

वीरगंज २९ बैशाख

वीरगंज महानगर क्षेत्र मे सुक्खायाम के चलते चापाकल सुखे लागला के बाद खानेपानी के हाहाकार देखल गईल बा । घर–घर मे हलावल चापाकल सुखके खानेपानी के कमी भईला सँगे नेपाल खानेपानी संस्थान शाखा कार्यालय वीरगंज मे नयाँ धारा जडान के खातिर सर्वसाधारण आवेके क्रम बढल बा । अभी कार्यालय मे दैनिक सयो के सङ्ख्या मे नयाँ धारा जडान के खातिर निवेदन लेके आवत रहलन । खानेपानी संस्थान शाखा कार्यालय के वितरण प्रमुख सञ्जीवकुमार यादव बितल बरीस से वीरगंज बजार क्षेत्र के अधिकांश चापाकल सुखला सँगे सर्वसाधारण खानेपानी के लाइन जडान करे आवे लागल बतवनी । “वितल समय मे घर मे हलावल चापाकल मे पर्याप्त पानी आवेतक खानेपानी के धारा जडान मे स्थानीयवासी के खासे रुचि ना रहेला । बितल बरीस के हिउँदेयाम से चापाकल सुखके पानी के सङ्कट महसुस कईला के बाद अभी खानेपानी संस्थान मे धारा जोडेवाला के भिड लाग रहल बा”, उ कहनी ।
वितरण प्रमुख यादव चालु आर्थिक बरीस के अभी तक के समय मे मात्र दु हजार चार सय से बेसी नयाँ धारा जडान भईल जानकारी देहनी । “बितल आव के अन्त्य तक महानगर क्षेत्र मे आठ हजार चार सय घरधुरी मात्र ग्राहक रहलन”, उ कहनी, “खानेपानी के कडा सङ्कट होखे लागला के बाद अभी कूल ग्राहक सङ्ख्या १० हजार आठ सय से बेसी पुगल बा ।” वार्ड कार्यालय के सिफारिस मे संस्थान से रु छ हजार तीन सय ७० लेके नयाँ धारा जडान काम अगाडि बढावत आ रहल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।