स्वास्थ्य बिमा सम्बन्धी आधारभुत तथा पूनर्ताजगी तालिम सुरु
स्वास्थ्य बिमा सम्बन्धी आधारभुत तथा पूनर्ताजगी तालिम सुरु

वीरगंज ०३ जेठ
बारा के कलैया मे स्वास्थ्य बिमा सम्वन्धी आधारभुत तथा पूनर्ताजगी तालिम बियफे से सुरु भईल बा ।
सामाजिक स्वास्थ्य सुरक्षा अन्तर्गत के स्वास्थ्य बीमा कार्जक्रम अन्तर्गत कार्जक्रम के दर्ता सहजोगीलोग के आधारभुत तथा पूनर्ताजगी ४ दिने तालिम जिल्ला संयोजक रमेश खनिया के अध्यक्षता मे सुरु भईल बा ।
“अपनेलोग के स्वास्थ्य हमनी के अठोट” कहके मुख्य नारा सहित सुरु कईल तालिम से स्वास्थ्य विमा कार्जक्रम के प्रभावकारी तरिका से संचालन मे सहजोग पुगेके आयोजक विश्वास लेहले बा ।
तालिम मे स्वास्थ्य बीमा कार्जक्रम के दर्ता सहजोगीलोग के परल समस्यासब उपर छलफल करके समाधान कईला के साथे विमा के राष्ट्रिय नीतीसब बारे मे जानकारी करावेके बतावल गईल बा ।
स्वाथ्य विमा कार्जक्रम के दर्ता सहजोगीलोग के केन्द्रित करके संचालन कईल तालिम मे गिता खत्री, धर्मेन्द्र कुमार गुप्ता, अक्षय कुमार महतो, मुन्नी कुमारी भण्डारी लगायत जिल्ला के ६० जने दर्ता सहजोगीलोग के सहभागिता रहल जनावल गईल बा ।
उ कार्जक्रम मे स्वास्थ्य बीमा बोर्ड के मधेश प्रदेश संयोजक मनोज पौडेल आ रौतहट जिल्ला के जिल्ला संयोजक कामेश्वर साह प्रशिक्षण देरहल बानी ।
उ कार्जक्रम बारा के सदरमुकाम कलैया स्थित दास गेस्ट हाउस मे संचालन हो रहल बारा प्रसौनी गाँवपालिका वार्ड नं. ३ नौतन के दर्ता सहजोगी अकबर हवारी बतवनी ।





