तस्करी के लाइन खोलावे गईल आरोप मे मुख्तार पकडईलें

तस्करी के लाइन खोलावे गईल आरोप मे मुख्तार पकडईलें

वीरगंज २० जेठ

सीमावर्ती भारतीय बजार रक्सौल निवासी मुख्तार अली के पर्सा पुलीस पकडले बा । पर्सा के अमरपट्टी प्रहरी चौकी मे तस्करी के लाइन खोलावे गईल मुख्तार के जिल्ला प्रहरी कार्यालय के टोली पकडले बा । प्रहरी उपरिक्षक कुमोध ढुंगेल के मुताविक पुलीस के बदनाम करा रहल रक्सौल निवासी मुख्तार के अमरपट्टी से पकडल गईल बा ।
स्रोत के मुताविक सीमावर्ती क्षेत्र मे लम्हर समय से अवैध कारोबार मे संलग्न रहल मुख्तार पिछिलका समय जिल्ला के एसपी आ क्राइम टोली से ‘सेटिङ’ हो चुकल कहत अवैध कारोबार मे संलग्नलोग से पईसा असुली करत आईल रहलन ।
‘कपडा आ किराना सामान के तस्करी करेवाला मुख्तार जिल्ला मे आईल नयाँ अधिकृत के ई नाका से सामान पास होत बा कहके गलत सूचना भी देत रहलन,’ एक प्रहरी अधिकृत कहलन, ‘पुलीस टोली ओने व्यस्त भईला के बाद अपने सजिलो से सामान हेलावत रहलन ।’
पुलीस के मुताविक मुख्तार उपर सेटिङ भइल कहत नाका मे खटल पुलीस चौकी इन्चार्ज के तस्करी के लाइन खोलेके प्रलोभन भी देहले रहलन । मुख्तार के बितल समय मे अनेकन तह के पुलीस कर्मचारी के पईसा मिटर ब्याज मे भी लगावत रहलन । ‘मुख्तार पुलीस के हाकिम से पईसा लेके मिटर ब्याज मे लगावत रहलन,’ वीरगंज आदर्शनगर के एक कारोबारी कहेलन, ‘सरुवा भईल कैयन हाकिम के पईसा उ अभी भी तिरले नईखन ।’ उल्था ईकान्तिपुर

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।