मधेश मन्त्रिपरिषद् बईठक ः प्रत्यक्ष के ५ आ समानुपातिक सांसद के डेढ करोड बजेट देवेके निर्णय
मधेश मन्त्रिपरिषद् बईठक ः प्रत्यक्ष के ५ आ समानुपातिक सांसद के डेढ करोड बजेट देवेके निर्णय

धनुषा २६ जेठ
मुख्यमन्त्री सतिश सिंह नेतृत्व के मधेश सरकार के पहिलका मन्त्रिपरिषद बईठक से संसदीय क्षेत्र विकास के खातिर प्रत्यक्ष निर्वाचित सांसद के ५ करोड आ समानुपातिक सांसद के डेढ करोड बजेट परिचालन करे देवेके निर्णय कईले बा ।
शुक के दिने सपथ ग्रहण के बाद बईठल मन्त्रिपरिषद् के बईठक से प्रत्यक्ष निर्वाचित सांसद के ५ करोड आ समानुपातिक सांसद के डेढ करोड बजेट चलावे देवेके निर्णय कईल अर्थमन्त्री भरत साह बतवनी । मन्त्रिपरिषद बईठक मे आउर समसमायिक विषय मे छलफल भईल साह बतवनी ।
सांसद के बजेट देवेके कार्जक्रम संघ मे विवाद के मुद्दा ह । बजेट दुरुपयोग भईला के बाद अईसन कार्जक्रम ना लियावेवाला किसिम से वितल समय मे संघ मे खारेज भईल रहे ।
संघ मे भी पिछिलका बेर फेनु लिअईला के बाद उ बारेमे अदालत मे भी सवाल उठल रहे । अभी संघ के बजेट मे अईसन कार्जक्रम परल नईखे ।
सांसद मार्फत् योजना चलावेके कार्जक्रमसब प्रदेश से भी केन्द्र से सिको कईले बाडन । अभी मधेश मधेश मे नयाँ सरकार बनते मातर सांसद मार्फत् पईसा खर्च करेके निर्णय भईल बा ।






