वीरगंज मेन रोड विस्तार मुद्दा के सुनवाइ २४ वाँ बेर भी स्थगित
वीरगंज मेन रोड विस्तार मुद्दा के सुनवाइ २४ वाँ बेर भी स्थगित

वीरगंज २७ जेठ
सर्वोच्च अदालत मे विचाराधीन रहल वीरगंज महानगरपालिका के मुख्य सडक (मेन रोड) विस्तार के मुद्दा के सुनवाइ एतवार के दिने २४ वाँ बेर भी स्थगित भईल बा ।
त्रिभुवन राजपथ अन्तर्गत वीरगंज के गण्डक चोक से पावर हाउस, घन्टाघर, माईस्थान चोक, आदर्शनगर, रजतजयन्ती चोक होत नाका मे रहल मितेरीपुल तक के मुख्य सडक विस्तार के विषय मे दायर मुद्दा मे एतवार के दिने पेशी तोकल रहे । माकिर सर्वोच्च उ मुद्दा के सुनवाइ फेनु “हेर्न नभ्याइने” मे राखला के बाद पेशी २४ वाँ बेर भी अगाडि बढल बा ।
वीरगंज के मेन रोड विस्तार के मुद्दा के पेशी एतवार के दिने सर्वोच्च अदालत के न्यायाधीशद्धय मनोजकुमार शर्मा आ शारङ्गा सुवेदी के संयुक्त इजलाश मे परल रहे ।
उ इजलास मे शुक के दिने मुद्दा सुनुवाइ के निरन्तरता रहला से वीरगंज मुख्य सडक के मुद्दा १ नम्बर मे परला पर भी “हेर्न नभ्याइने” मे रहल सर्वोच्च के प्रवक्ता वेदप्रकाश उप्रेती जानकारी देहनी ।
सडक डिभिजन कार्यालय हेटौंडा आ व्यापारिक मार्ग विस्तार आयोजना कार्यालय २०७६ मे छठ पर्व के बाद हि सडक विस्तार के तईयारी सुरु कईले रहे । ओकरा से पहिले २०७६ भादो मे निकालल १५ दिने सूचना के म्याद बितला के बाद फेनु म्याद देके आयोजना कार्यालय धरधनी के आपन घर खुदे भसकावे खातिर निहोरा भी कईले रहे ।
सडक विस्तार आयोजना से एक चरण के नापी के काम भी पुरा कईले बा । मेन रोड दायाँ÷बायाँ रहेवाला घरधनी से मुआब्जा के माग करत सर्वोच्च मे मुद्दा देहले बाडन । लक्ष्मण साह रौनियार, राजकुमारी देवी तुलस्यान, भरतप्रसाद रौनियार आ वीरेन्द्र कुमार संघाइ मुद्दा दायर कईले बाडन ।
सडक विस्तार होखी कि ना कहके विषय नङ्गो मे पुगाल पर दायाँ÷बायाँ के घरधनि से लम्हर समय से घर रंगरोगन तथा मर्मत सम्भार मे भी कईल नईखे । चाडपर्व मे भी त्रिभुवन राजमार्ग किनार के घरसब रंगरोगन भईल छोडले बाडन, एकरा से सहर कुरुप देखत गईल बा । ट्राफिक व्यवस्थापन मे भी समस्या देखाई देहले बा । बढल जनसंख्या आ सवारी चाप से मधेश के एकमात्र महानगर सहर अस्तव्यस्त बनल बा ।






