डेंगु नियन्त्रणबारे वीरगंज के जनानी स्वास्थ्य स्वंयसेविकालोग के अभिमुखीकरण
डेंगु नियन्त्रणबारे वीरगंज के जनानी स्वास्थ्य स्वंयसेविकालोग के अभिमुखीकरण

वीरगंज ११ असाढ
वीरगंज मे मंगर के दिने डेंगु, मलेरिया, कालाजार बेमारी नियन्त्रण के बारे मे एक दिने अभिमुखिकरण कार्जक्रम पुरा भईल बा ।
स्वास्थ कार्यलय पर्सा के सहजोग मे वीरगंज महानगरपालिका के स्वास्थ्य महाशाखा किटजन्य रोग नियन्त्रण तथा मोछड के लार्भा नष्ट करेके सम्बन्धि अभिमुखिकरण कार्जक्रम आयोजना कईले रहे ।
कार्जक्रम मे वीरगंज महानगरपालिका के वार्ड नम्बर १ से १६ तक के जनानी स्वास्थ्य स्वंयसेविकालोग के उ बेमारी के रोकथाम बारे जानकारी करावल गईल रहे । कार्जक्रम मे स्वास्थ्य कार्यालय पर्सा के जनस्वास्थ्य निरीक्षक जयमोद ठाकुर पर्सा जिल्ला मे ई चालू आर्थिक बरीस मे डेंगु रोग के ९ जने मरेजी मिलल जानकारी करवनी ।
गरम हावापानी भईल शहर आ शहरोन्मुख वस्ति मे डेंगु, मलेरिया, कालाजार लगायत के किटजन्य बेमारी के चलते पर्सा जिल्ला भी उच्च जोखिम मे रहल बतवनी ।
बर्षात सँगे किटजन्य रोग बढेवाला भईला से आपन घर आरीपाछि सफा राखेके, पानी जमेवाला खान्ताखुन्ती भरेके, सुतेके समय अनिवार्य मोछडदानी तान के सुतेके, घर बाहर निकलला पर पुरा बाँही भईल कपडा पहिनेके, झ्याल तथा दुवारी मे जाली लगावेके, नियमित सरसफाई मे ध्यान देवेके आ वातावरण के सफा राखे सकला पर अईसन महामरीजन्य बेमारी फईलेसे रोके सकेके बतवनी ।
स्वास्थ्य कार्यलय पर्सा के प्रमुख डा. मुक्ती नारायण साह के प्रमुख आतिथ्यता मे भईल कार्जक्रम मे वीरगंज महानगरपालिका के स्वस्थ्य महाशाखा के प्रमुख अनिल कुमार यादव, जनस्वास्थ्य निरीक्षक सुमनचन्द्र ठाकुर, नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा के पुर्ब अध्यक्ष शत्रुघन नेपाल लगायत के सहभागिता रहल रहे ।






