प्रसिद्ध भोजपुरी चित्रकार वंदना श्रीवास्तव के भारत सरकार के संस्कृति मंत्रालय के सीनियर फेलोशिप

प्रसिद्ध भोजपुरी चित्रकार वंदना श्रीवास्तव के भारत सरकार के संस्कृति मंत्रालय के सीनियर फेलोशिप

*प्रसिद्ध भोजपुरी चित्रकार वंदना श्रीवास्तव के भारत सरकार के संस्कृति मंत्रालय के सीनियर फेलोशिप*
__________________

प्रसिद्ध भोजपुरी चित्रकार वंदना श्रीवास्तव के भारत सरकार के संस्कृति मंत्रालय से वरिष्ठ अध्येता वृत्ति (सीनियर फेलोशिप) मिलल बा। ई सम्मान उनकरा के कला आ संस्कृति के क्षेत्र में अद्भुत योगदान, कला आ साहित्य के संबंध पर गहन दृष्टि आ भोजपुरी संस्कृति के चित्रकला के माध्यम से बिशाल पहिचान दिलावे खातिर दिहल गइल बा।

वंदना श्रीवास्तव आपन कलाकृति में भोजपुरी समाज, ओकर परंपरा, लोकजीवन आ रंग-रूप के जियतार ढंग से उतारल बाड़ी। उनकर चित्र में भोजपुरी संस्कृति के गहराई आ जीवन-दर्शन के झलक देखे के मिले ला। उनकर काम ना सिर्फ भारत में बल्कि अंतरराष्ट्रीय स्तर पर भी भोजपुरी कला के एगो अलग पहचान दिहले बा।

वंदना श्रीवास्तव के ससुरार भारत के उत्तर प्रदेश के मऊ जिला के रामपुर कांधी, देवलास गांव में बा, आ मायका आजमगढ़ जिला के रिठिया (बूढ़नपुर) गांव में बा। ऊ राजस्थान से एम.ए. कइले बाड़ी। वंदना दिल्ली सरकार के साहित्य कला परिषद के सदस्य रह चुकल बाड़ी। ऊ ए समय नालंदा में रहेली।

ई फेलोशिप वंदना श्रीवास्तव के आपन रचनात्मकता आ निखारे आ भोजपुरी कला आ साहित्य के संबंध पर गहन अध्ययन करे के मौका देई। ए उपलब्धि पर कला जगत आ भोजपुरी समाज के विद्वान लोग उनकरा के बधाई देत बा।

वंदना श्रीवास्तव के ई सम्मान ना केवल उनकर, बलुक भोजपुरी भाषा आ संस्कृति खातिर भी गर्व के पल बा।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।