मधेश प्रदेश के सबसे बेसी धनराशि के वीरगंज गोल्डकप फागुन १७ गते से होखी
मधेश प्रदेश के सबसे बेसी धनराशि के वीरगंज गोल्डकप फागुन १७ गते से होखी

वीरगंज १५ फागुन
मधेस प्रदेश के सबसे बेसी धनराशि के वीरगंज गोल्डकप फुटबल के दुसरका संस्करण आवेवाला शनिचर से सुरु होखेके जनावल गईल बा ।
भेट्रान सिटी क्लब वीरगंज के आयोजना मे आदर्शनगर रंगशाला मे फागुन १७ से २४ गते तक वीरगंज गोल्डकप फुटबल–२०८१ होखे लागल बा । बियफे के दिने रंगशाला मे पत्रकार सम्मेलन करत आयोजक प्रतियोगिता मे राष्ट्रियस्तर के आठ टिम के सहभागिता रहेके जानकारी देहले बा । प्रतियोगिता नकआउट चरण मे खेलावल जाई ।
भेट्रान सिटी क्लब वीरगंज के उपाध्यक्ष सागरशमशेर जबरा मधेस प्रदेश मे फुटबल खेल के संस्कृति विकास करे खातिर वीरगंज गोल्डकप फुटबल प्रतियोगिता के दुसरका संस्करण आयोजना करे लागल बतवनी ।
प्रतियोगिता मे संकटा फुटबल क्लब, मच्छिन्द्र फुटबल क्लब, बागमती युथ क्लब सर्लाही, नेपाल पुलिस क्लब, गरवाल डाइमन्ड फुटबल क्लब दिल्ली, एपिआई चर्च ब्वाइज युनाइटेड काठमाण्डु, सलहेश फुटबल क्लब सिराहा आ आयोजक वीरगंज युनाइटेड क्लब प्रतिस्पर्धा करी ।
प्रतियोगिता के उपाधि विजेता टोली के नगद ११ लाख ११ हजार १११ रोपेया तथा उपविजेता के पाँच लाख ५५ हजार ५५५ रोपेया देहल जाएके प्रतियोगिता संयोजक सुबोधकुमार श्रीवास्तव जानकारी देहनी । प्रतियोगिता के मुख्य प्रायोजक के रूप मे वीरगंज महानगरपालिका रहल बा । प्रतियोगिता पुरा करे खातिर करिब एक करोड रोपेया खर्च लागेके अनुमान बा ।
प्रतियोगिता के खातिर आदर्शनगर रंगशाला मे अस्थायी प्यारापिट निर्माण कईल बा । अस्थायी प्यारापिट मे करिब दु हजार तथा ग्राउन्ड मे आउर तीन हजार से बेसी दर्शक अटेके आयोजक जनवले बा ।
क्लब के कोषाध्यक्ष सुबोध श्रीवास्तव के अध्यक्षता मे भईल पत्रकार सम्मेलन मे अध्यक्ष सबिन बस्नेत, बरिष्ठ उपाध्यक्ष रोशन कुमार श्रेष्ठ, महासचिव पंकज श्रेष्ठ, सचिव भुषण यादव, सदस्यलोग सन्तोष खनाल निशान्त लामिछाने लगायत के सहभागिता रहल रहे । पत्रकार सम्मेलन के सहजिकरण पत्रकार तिवारी यादव कईले रहनी ।






