सीएफआरडी के सहजोग मे विश्रामपुर के दु गो स्कूल मे १६० गो साईकल बॉटल गईल
सीएफआरडी के सहजोग मे विश्रामपुर के दु गो स्कूल मे १६० गो साईकल बॉटल गईल

वीरगंज १८ फागुन
चाइना फाउण्डेशन फर रुरल डेभलपमेन्ट (सीएफआरडी) के सहजोग मे बारा के विश्रामपुर गाँवपालिका वार्ड नं. ३ आ ४ के दु गो विद्यालयसब मे साईकल वितरण कईले बा ।
अन्तर्राष्ट्रिय साइकल परियोजना अन्तर्गत एतवार के दिने बारा जिल्ला के विश्रामपुर गाँवपालिका वार्ड नं ३ मुसहर्वा टोल स्थित श्री नेपाल राष्ट्रिय माध्यमिक विद्यालय मे अध्यनरत ८० जने विद्यार्थी आ वार्ड नं. ४ वलिरामपुर स्थित श्री नेपाल राष्ट्रिय माध्यमिक विद्यालय मे अध्यनरत ८० जने विद्यार्थी करके १६० जने विद्यार्थीलोग के साइकल बॉटल गईल बा ।
मधेश प्रदेश के ९ गो सामुदायिक विद्यालय मे १ हजार विद्यार्थीलोग के एक/एक थान साईकल वितरण करेके उदेश्य मुताविक एतवार के दिने १६० जने विद्यार्थीलोग के साइकल वितरण कईल आयोजक जनवले बा ।
उ साइकल वितरण कार्जक्रमसे ग्रामीण क्षेत्र के लईकालईकी के शिक्षा मे सहज पहुँच के साथे यातायात के चुनौतीसब के सम्बोधन होखेके विश्वास व्यक्त कईल बा ।
श्री नेरामावि मुसहर्वा मे विश्रामपुर-३ के वार्ड अध्यक्ष शिवचन्द्र प्रसाद यादव के अध्यक्षता में भईलकार्जक्रम में प्रधानाध्यापक जुगुल किशोर साह, शिक्षक शिक्षिका, विद्यार्थी एवं अभिभावकलोग के सहभागिता रहल रहे ।
एहितरे नेरामावि बलिरामपुर मे बिद्यालय व्यवस्थान समिति के अध्यक्ष पतिलाल साह के अध्यक्षता में भईल उ कार्जक्रम में प्रमुख अतिथि वार्ड नं. ४ के वार्ड अध्यक्ष किसोरी साह, एहितरे पूर्व वार्ड अध्यक्ष मदन प्रसाद यादव, विशिष्ट अतिथि चाईना फाउन्डेसन फर रुरल डेभलपमेन्ट के कबित नेपाल, कृतिसा श्रेष्ठ, पिंकी श्रेष्ठ, बारा जिल्ला निवासी डा. धन्नजय यादव, श्री नेरामावि बलिरामपुर के प्रधानाध्यापक आनन्द कुमार गुप्ता लगायत के उल्लेखनिय सहभागिता रहल रहे ।
उ कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि एवं प्रधानाध्यापकलोग कार्जक्रम के सराहना करत “ई सहजोग से विद्यार्थीलोग के नियमित रूप मे आ समय मे किलाससव मे सहभागी होखेके, शैक्षिक कार्यसम्पादन आ समग्र सिकाइ नतिजा मे सुधार होखेके बतवले रहलन ।
दुनु स्कूल मे आयोजना कईल साईकल वितरण कार्जक्रम मे वक्त्तालोग आयोजक संस्था के धन्यवाद देत आवेवाला दिनसव मे भी ई स्कूल के प्राथमिकता मे राख के स्कूल के सहजोग करे खातिर निहोरा कईले रहलन ।






