नेपाली काँग्रेस फेटा के बडका झटका, दुबे के नेतृत्व मे सयो जने जनमत मे गईलें

संघीयता के बदनाम करे खातिर कुछ संघीयता विरोधीलोग गलत भाष्य निर्माण कईलन : अध्यक्ष डा. राउत

अजय चौरसिया /
वीरगंज १९ फागुन, जनमत पार्टी फेटा गाँवपालिका कमिटी बारा के आयोजना मे सोमार के दिने बिशाल आमसभा तथा बृहत पार्टी प्रवेश कार्जक्रम पुरा भईल बा ।
फेटा बजार मे आयोजना कईल उ कार्जक्रम के सम्बोधन करत जनमत पार्टी के अध्यक्ष डा. सिके राउत देश मे दु दलिय व्यवस्था मान्य ना होखेके बतवले बानी ।
देश मे नेपाली कांग्रेस आ नेकपा एमाले आपन मात्र शासन चलावेके खोजल उनकर आरोप रहे । सयो बरीस से शासन आ सत्ता के बागडोर सम्हारत आईल ई दु दल पिछिलका निर्वाचन से नयाँ दल से प्राप्त कईल मत से डराके ०८४ के निर्वाचन मे छोटा–छोटा दल के राज्य के पहुँच से दुर राखेके खोजल दाबी कईनी । उ संघीयता के बदनाम करे खातिर कुछ संघीयता विरोधीलोग गलत भाष्य निर्माण कईल बतवनी ।
पहिले गाँवघर मे पाँकी होत रहे, संघीयता के चलते अभी गाँव–गाँव मे सडक ढलान हो रहल उ बतवनी । मधेश मे दलित, मुस्लिम, मुसहर लग जमिन ना भईल बतावत पहाड से लाखो आदमी के लियाके जमिन बाँटेके आ ३५ लाख आदमी के लालपुर्जा देवेके भी षड्यन्त्र हो रहल राउत के कहनाम रहे ।
उ प्रदेश सरकार लग पुलीस ना भईला से सिरहा के बलात्कार पीडित रिंकु सदा के न्याय मिले ना सकला से प्रदेश सरकार के अधिकार देवेके माग कईनी । देश मे काम करे खातिर प्रत्यक्ष निर्वाचित प्रधानमन्त्री, राष्ट्रपति होखेके बात मे डा. राउत जोड देहले रहनी ।उ कार्जक्रम मे मधेश प्रदेश के मुख्यमन्त्री सतिश सिंह जनमत पार्टी के आपन बहुमत के सरकार ना भईला से आशा कईल जेतना काम करे ना सकल बतवनी । उ आवेवाला निर्वाचन मे जनमत के दु तिहाई के बहुमत देके पठईला मे मधेश के कायापलट करेके दाबी कईनी । मुख्यमन्त्री सिंह मधेश प्रदेश मे स्वास्थ्य के अवस्था सुधार के खातिर प्रदेश भर रहल निजि अस्पताल के अनुगमन के प्रदेश सरकार तेजी देहल बतवनी ।
उ पार्टी प्रवेश कार्जक्रम मे नेपाली काँग्रेस परित्याग करके समाजसेवी तथा युवा नेता उमेश दुवे के नेतृत्व मे करिब ३२५ जने जनमत पार्टी प्रवेश कईलें । नेकपा एमाले, काँग्रेस, जसपा, जसपा नेपाल परित्याग करके जनमत मे प्रवेश कईल नवप्रवेशीलोग के अध्यक्ष डा. सिके राउत, मुख्यमन्त्री सतिश कुमार सिंह लगायत के अतिथिलोग टिका आ माला लगाके पार्टी प्रवेश करवले रहलन ।
जनमत पार्टी फेटा गाँवपालिका अध्यक्ष नवल पटेल के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे केन्द्रिय सदस्यलोग ओमप्रकाश साह, सुनिल यादव, रौशन खातुन, रामबाबु साह, प्रभुनाथ प्रसाद पटेल, कामेश्वर यादव, शिवनाथ पटेल, सुरेश साह, हरि राउत कुर्मी, बिजय गुप्ता, रम्भा देवी साह, राजकुमार साह, कार्तिकदेव पाण्डेय, राजु साह, बिनोद कुमार यादव, पर्सा जिल्ला अध्यक्ष ओमप्रकाश सर्राफ लगायत स्थानियवासी के उल्लेखनिय सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।