स्ववियु चुनाव के खातिर विद्यार्थी संगठनसब ठाकुरराम बहुमुखी क्याम्पस मे करवलें दल दर्ता
स्ववियु चुनाव के खातिर विद्यार्थी संगठनसब ठाकुरराम बहुमुखी क्याम्पस मे करवलें दल दर्ता

वीरगंज १९ फागुन
स्वतन्त्र विद्यार्थी युनियन (स्ववियु) के चुनाव मे भाग लेवे खातिर वीरगंज स्थित ठाकुरराम बहुमुखी क्याम्पस मे करिब तीन दर्जन दल दर्ता भईल जनावल गईल बा ।
त्रिभुवन विश्वविद्यालय, विद्यार्थी कल्याण तथा खेलकुद निर्देशनालय से प्रकाशित कईल निर्वाचन कार्यतालिका मुताविक सोमार के सबेरे से दल दर्ता के कार्यतालिका रहल रहे ।
उहे कार्यतालिका मुताविक मुख्य–मुख्य राजनीतिक दल तथा प्यानल आ समूह के करके कुल ३४ गो दल आपन–आपन दल दर्ता करावल स्ववियु निर्वाचन समिति के प्रमुख दिलिप सिंह जानकारी देहनी ।
प्रमुख सिंह के मुताविक निर्वाचन समिति से प्रकाशन कईल कार्यतालिका मुताविक सबेरे ११ बजे से ३ बजे तक दल दर्ता के काम पुरा भईल रहे ।
अब दल दर्ता के बाद आउर निर्वाचन के प्रक्रिया अगाडि बढावेके सिंह बतवनी ।
खास करके मुख्य राजनीतिक दल के विद्यार्थी संगठनसब नेपाल विद्यार्थी संघ, अखिल नेपाल राष्ट्रिय स्वतन्त्र विद्यार्थी युनियन, अखिल क्रान्तिकारी, समाजवादी विद्यार्थी संगठन, समाजवादी युनियन, समाजवादी युनियन नेपाल, विद्यार्थी जनमत संघ, नयाँ शक्ति विद्यार्थी युनियन, प्राज्ञिक विद्यार्थी परिषद् सहित संयुक्त संगठन, प्यानल तथा आदमी के समूह सहित के दल दर्ता भईल निर्वाचन समिति जनवले बा ।
लम्हर समय के बाद कलेज मे स्ववियु निर्वाचन हो रहला मे बहुते दल के चुनाव उपर आकर्षण बढल जनावल गईल बा ।
करिब १६ बरीस के बाद स्ववियु निर्वाचन हो रहल ठाकुरराम बहुमुखी क्याम्पस प्रशासन जनवले बा । २०६५ साल के बाद चुनाव रुकल रहे ।
त्रिभुवन विश्वविद्यालय, विद्यार्थी कल्याण तथा खेलकुद निर्देशनालय आवेवाला चईत ५ मे स्ववियु निर्वाच के मिति तोकले बा ।





