महागढीमाई के कुछ स्कूल के अवस्था तहस नहस, नियम विपरीत स्कूल चल रहल सिकाईत
महागढीमाई के कुछ स्कूल के अवस्था तहस नहस, नियम विपरीत स्कूल चल रहल सिकाईत

प्रभु यादव
बारा २१ फागुन
बारा के महागढीमाई नगरपालिका मे नियम विपरीत स्कुल सब सञ्चालन होरहल जनावल गईल बा ।
महागढीमाई ननगरपालिका वार्ड नं. ६ मे रहल श्री नेपाल राष्ट्रिय शिवशंकर यादव अधारभुत विद्यालय पत्रहट्टी मे ना रूटीन बा ना नियम संगत अनुशासन के पलना कईल जारहल सिकाईत बढल बा ।
नियमित मास्टर लोग पढावे अपना मनमौजी रूपमे आवेले, विहनिया के १० बजे आवेवाला समय मे एक दु जने आवलेन बाकि मास्टर लोग अपना मन से दुपहर तकले हाजरी करेला आवेलन अभिभावक दिपन सहनी सिकायत कईले बानी । अपन लडकी कलास ३ मे पढेला जवना के सुधसे पहडा, जोडघाउ आ अंग्रेजी के अक्षर लिखे ना आवले समुदाय के अभिभावक सभे के अगाडि स्कुल मे ही लिखावल करत स्कुल के पढावेवाला मास्टर लोग के कमजोरी सहनी उजागर कईले रहनी । स्कुल मे पढेवाला लईकालईकी सभे ठिक बा माकिर पढावेवाला मास्टर लोग योग्य ना भईला से कहियो घर मे पढेला प्रश्न ना देहल जाला सहनी के सिकायत रहल बा ।
महागढीमाई नगरपालिका के राष्ट्रिय स्वतन्त्र पार्टी के नगर अध्यक्ष विक्रम यादव स्कुल के नाम काबा कवनो मास्टर आ पढनियार लईका लईकी सभे के जानकारी ना रहल बतवले बानी । स्कुल के अगाडि नाम सहित के बोर्ड लगावेला दु महिना से कहल जारहल बा माकिर लगावल जाई मातरे प्रअ महेन्द्र प्रसाद साह बतावत आरहल बानी माकिर अभी तक ना लगावल सिकायत रहल बा । समय मे स्कुल कभि भि मास्टर लोग ना आवल आ नेपाल सरकार पोशाक भाता देरहल बा माकिर केहु लगा के नाआवेले यादव के सिकायत रहल बा । कलास मे पढनियार लईकालईकी कम आवेले माकिर सभे लोग के हाजरी बनाके खाजा के पईसा खाएवाला काम कईल जाला यादव के कहनाम रहल बा ।
बुध के दिन स्कुल मे पुगला पर कलास ५ मे ९ गो पढनियार लईकन लोग के उपस्थिति रहल जवना मे १९ जने के हाजरी बनल रहे, अउरी कलास ३ मे १९ जने रहल जवना मे ३१ जने के हाजरी बनावल गईल सभे अभिभवक लोग देखले रहनी ।
पढावे ना आवेवाला मास्टर लोग अभिभावक सभे के उपस्थिति भईल स्कुल मे जनकारी भईला पर भुखले पियासले आईल रहलन । पढावेवाला मास्टर लोग के गारजियन साथे साथे जानकारी लेवे आईल रहलन ।
स्कुल के प्रधानाध्यापक महेन्द्र प्रसाद साह से जानकारी लेहला पर घण्टी आ गतिविधि के चार्ट बनावल नईखे माकिर मौखित व्यवहार मे चल रहल बतवले बानी । एक सय ८८ गो पढनियार लइकालईकी के राजिष्टर मे नाम रहल बा माकिर एक सय ५० के सभे दिन उपस्थिति रहेला प्रअ साह जानकारी करवले बानी । दु गो स्थायी, दु गो बालविकास आ एक जने राहत मास्टर लोग पढावेला प्रअ साह बतवले बानी । कम पढनियार लईकालईकी कलास मे आईल माकिर अधिक लोग के हाजरी बनावल गईल जवना के सम्बन्ध मे कलास के मास्टर से बुझेके प्रअ साह बतवले बानी । अभी नया बालविकास के पढवनिहार लोग आईला से सभे लोग पोशाक ना लगा के आ रहल प्रअ साह के कहनाम रहल बा ।
विद्यालय व्यवस्थापन समिति के सदस्य सुबास कुमार सहनी समिति बनला सात महिना होगईल माकिर बईठक एक बेर नईखे भईल जवना के कारण स्कुल के समस्या सभे अपना के मालुम ना भईल बतवले बानी । आजु स्कुल मे गाँव के जवान लोग अईला पर अपनहु आईल बानी देखला पर बहुते कमजोरी रहल महसुस भईल सहनी बतवले बानी ।
विद्यालय व्यवस्थापन समिति के अध्यक्ष रामअशिष यादव से जानकारी लेहला पर समिति के बईठक बहुते बेर बईठल बतावत स्कुल मे भईसी बानहल जात रहे अभि सुधार होरहल बतवले बानी । धिरे धिरे सुधार होई हम लागल बानी अध्यक्ष यादव बतवले बानी । समुदाय के लोग अभि बहुते पछाडी रहल बा सँझिया के समय मे स्कुल मे आकर के दारू पिई के सिसि फेक देवेला अध्यक्ष यादव के कहनाम रहल बा । आसमान नेपाल स्कुल से बाहर लईकन सभे के पढावेला भर्ना करावले रहल माकिर कुछ दिन आईल अब छोड देहले बा यादव जनकारी करावले बानी ।
वितल सोमवार के पालिका के शिक्षा शाखा के संयोजक मास्टर प्रमहंस यादव के नेतृत्व मे अनुगमन कईल गईल रहे जवना के भिडियो समाजिक संजाल मे राखल गईल पढनियार लईका लईकी लोग के पोशाक लगावेला कहल गईल माकिर मास्टर लोग के ना लगावल जेकरा के करवाही करेके चाहिँ माकिर पुछल तक ना गईल जवना के खातिर अभिभावक लोग के सिकायत रहल बा ।






