विश्व प्रेस स्वतन्त्रता दिवस के अवसर मे पत्रकार महासंघ पर्साद्धारा प्रभात फेरी
विश्व प्रेस स्वतन्त्रता दिवस के अवसर मे पत्रकार महासंघ पर्साद्धारा प्रभात फेरी

वीरगंज २० बैशाख
विश्व प्रेस स्वतन्त्रता दिवस के अवसर मे नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा शनिचर के दिने वीरगंज मे प्रभातफेरी कार्जक्रम पुरा कईले बा ।
पर्सेली सञ्चारकर्मीलोग के सहभागिता मे घण्टाघर से सुरु भईल प्रभातफेरी माईस्थान, आदर्शनगर, अलखियामठ, घडिअर्वा होत फेनु घन्टाघर मे पुगके कोणसभा मे परिणत भईल रहे ।
कोणसभा के सम्बोधन करत नेपाल पत्रकार महासंघ के केन्द्रिय सचिव अशोक तिवारी पिछिलका समय देश मे प्रेस स्वतन्त्रता हनन के घटना बढ रहला मे चिन्ता व्यक्त करत राज्य के निकाय से प्रेस स्वतन्त्रता के हनन हो रहल देखल गईल बतवनी ।
नेपाल पत्रकार महासंघ के केन्द्रीय लेखा समिति के संयोजक के.सी.लामिछाने विश्व प्रेस स्वतन्त्रता दिवस से राज्य के प्रेस तथा अभिव्यक्ति स्वतन्त्रता के संरक्षण करेके एवं पत्रकारलोग के सत्य, निष्पक्ष, नैतिक आ उत्तरदायी पत्रकारिता करेके ओरी प्रेरित करेके बतवनी । उ प्रजातन्त्र के कमी मे प्रेस स्वतन्त्रता के अभ्यास करे ना सकल प्रष्ट करत लोकतन्त्र के रक्षा पत्रकारलोग के भूमिका भी जरुरी रहल बतवनी ।
एहितरे नेपाल पत्रकार महासंघ मधेश प्रदेश के अध्यक्ष श्याम बञ्जारा पिछिलका समय पत्रकार आ सञ्चारमाध्यमसब मे आक्रमण के घटना बढ रहल बतवनी । अईसन घटना मे संलग्नलोग के राज्य तत्काल कारबाही करेके जरुरत रहला मे उ जोड देहनी ।
महासंघ पर्सा के अध्यक्ष ओमप्रकाश खनाल कार्जक्रम के अध्यक्षता करत प्रेस स्वतन्त्रता लोकतन्त्र के मेरुदण्ड भईल चर्चा करत पत्रकारलोग के हरदम सचेत, निडर आ उत्तरदायी भूमिका निर्वाह करे खातिर आह्वान कईनी । उ सञ्चारमाध्यम उपर देखल जाएवाला अनेकन किसिम के प्रत्यक्ष तथा अप्रत्यक्ष दबाबसब उपर चिन्ता व्यक्त करत स्वतन्त्र प्रेस के खातिर सशक्त रुप मे अगाडि बढल जरुरी रहल बतवनी ।
उ कार्जक्रम के संचालन पत्रकार महासंघ पर्सा के सह–सचिव अजय चौरसिया कईले रहनी ।






