‘गुजर रहल बा जिन्दगी’ नामक भोजपुरी कविता संग्रह किताब के भव्य लोकार्पण

अजय चौरसिया /
वीरगंज २९ कातिक, साहित्यकार तथा लेखक अनिता साहद्वारा भोजपुरी भाषा मे लिखल ‘गुजर रहल बा जिन्दगी’ नामक कविता संग्रह किताब के शनिचर के दिने एक भव्य समारोह के बिच लोकार्पण भइल बा ।
होटल पुजन मे आयोजना कईल कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि वीरगंज महानगरपालिका के मेयर राजेशमान सिंह उ किताब के लोकार्पण कईले रहनी । उ लोकार्पण समारोह के सम्बोधन करत मेयर सिंह भोजपुरी भाषा मे लिखल ‘गुजर रहल बा जीन्दगी’ कविता संग्रह से भोजपुरी भाषा के विकास मे टेवा पुगावे के विश्वास व्यक्त कईनी ।
मेयर सिंह अईसन रचना के गायन के माध्यम से भी भोजपुरी के प्रचारप्रसार कईल जरुरी रहला मे जोड देहनी । उ भोजपुरी भाषा आ संस्कृती के विकास के खातिर सकेभर सहकार्य करे खातिर तत्पर रहल बतावत जेनजी आन्दोलन के समय भईल नोक्सानी के चलते हम चाहल जेतना करे ना सकल माकिर अभी भी सकेभर भाषा संस्कृती के विकास के सहजोग करेके प्रतिबद्धता जनवनी ।
वीरगंज महानगरपालिका के प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत अरबिन्दलाल कर्ण घर से बाहर तक के जिम्मेवारी भईला पर भी ओतना जिम्मेवारी के बावजुद अईसन कृती सिर्जना कईल जनानीलोग के महान काम भईल बतवनी । कर्ण ई कविता संग्रह के लेखिका खुदे गृहणी, कन्या स्कुल के प्रधानाध्यापिका, भोजपुरी प्रतीष्ठान वीरगंज के अध्यक्ष के जिम्मेवारी संगे अईसन बढिया स्थानीय भाषा मे कविता रचना करके किताब भी निकालल चानचुने बात ना रहल कहत सराहना कईले रहनी ।
कार्जक्रम मे भारत के हिन्दी साहित्यकार डा. हरेन्द्र हिमकर भोजपुरी भाषा के विकास मे ई कृती महत्वपुर्ण टेवा पुगल आ ई कविता संग्रह के भाषाप्रेमीलोग वीरगंज लगायत आउर जगहा के कोना कप्चातक पुगावे के निहोरा कईले रहनी ।
कार्जक्रम मे लेखक प्रमोद पाण्डे कविता संग्रह के समिक्षा करत भोजपुरी भाषा मे रचित उ कविता संग्रह लिखला मे लेखिका अनिता साह के बधाई देत एकरा के निरन्तर देवेके बात मे जोड देहनी ।कार्जक्रम मे भोजपुरी प्रतिष्ठान के सदस्य सर्वजित पासवान (छोटु राजा) साहद्वारा लिखल कविता संग्रह के कुछ कवितासब आपन गायन मार्फत प्रस्तुत कईले रहलन आ साहित्य शैलि मे युवा साहित्यकार रितु राज प्रस्तुत कईले रहलन । साथे कन्या स्कुल के किलास १० के लईकी आन्या परविन कविता पढके सुनवले रहली आ अध्वेशमान श्रेष्ठ भोजपुरी भाषा मे गीत गवले रहलन ।
प्रतिष्ठान के अध्यक्ष अनिता साह के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे वीरगंज महानगरपालिका– ८ के वार्ड अध्यक्ष रितेश गुप्ता, भोजपुरी प्रतिष्ठान के सल्लाहकार दिनेश गुप्ता, नेपाल भोजपुरी समाज के अध्यक्ष ध्रुव सिँह ठकुरी, पूर्व सांसद रामचन्द्र साह, भोजपुरी प्रतिष्ठान बारा के अध्यक्ष रामप्रसाद साह, साहित्यकार अस्मिता पटेल, साहित्यिक चौतारी नेपाल के गीता भण्डारी, साहित्यकार सतिष सजल, साहित्यकार मोतीउर रहमान, प्राध्यापक सचितानन्द सिंह, प्रतिष्ठान के सदस्य, अनेकन स्कूल के लईकालईकी लगायत के उल्लेखनिय सहभागिता रहल रहे ।
कार्जक्रम मे स्वागत मन्तव्य प्रतिष्ठान के सदस्य आमोद गुप्ता कईले रहलन आ सञ्चालन माधुरी महतो कईले रहली ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।