नेपाल स्काउट निमावि इटियाही मे पुरस्कार वितरण, संस्कार सहित के शिक्षा अभियान चलावल जाई ः अध्यक्ष चौरसिया

वीरगंज । पर्सा के बिन्दवासिनी गाँवपालिका वार्ड नं. ३ मे रहल श्री नेपाल स्काउट निम्न माध्यमिक विद्यालय ठूलो इटियाही मे शैक्षिक सत्र २०८० के अन्तिम परीक्षा के रिजल्ट प्रकाशन तथा पुरस्कार वितरण कार्जक्रम बुध के दिने पुरा भईल बा ।
विद्यालय व्यवस्थापन समिती के अध्यक्ष मुकेश कुमार चौरसिया के अध्यक्षता मे भईल अन्तिम परिक्षा के नतिजा प्रकाशन तथा पुरस्कार वितरण कार्जक्रम मे बाल विकास से किलास ८ तक प्रथम, दुसरका आ तिसरका स्थान हासिल कईल विद्यार्थीलोग के अबिर के टिका लगाके पुरस्कार वितरण कईल बा ।
उ कार्जक्रम मे विद्यालय मे अध्ययनरत विद्यार्थीलोग मेसे नियमित उपस्थिति, अनुशासन (बानी ब्यहोरा रहन सहन) दक्षता तथा आउर क्रियाकलापसब के मूल्याकंंन करके हरेक किलास से एक जने लईका आ एक जने लईकी करके जम्मा १६ जने विद्यार्थीलोग के पुरस्कार वितरण कईल बा । विद्यालय मे सर्वोत्कृष्ट स्थान हासिल कईल सिद्धार्थ कुमार चौरसिया आ राजनन्दनी कुमारी चौरसिया के भी पुरस्कृत कईल रहे ।
कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि बिन्दवासिनी गा.पा के उपाध्यक्ष ज्योति चौरसिया विद्यार्थीलोग ेक लगनशील होके पढे खातिर प्रेरणा देत उलोग के उतरोत्तर प्रगति के शुभकामना देहले रहली ।
कार्जक्रम के अध्यक्षता करत व्यवस्थापन समिति के अध्यक्ष चौरसिया पुरस्कृत होखेवाला सभी विद्यार्थीलोग के बधाई देत नयाँ शैक्षिक सत्र २०८१ से संस्कार सहित के शिक्षा अभियान चलावेके बतवनी । स्कूल हरेक महिना के अन्तिम हप्ता परीक्षा लेवेके, कम्प्यूटर किलासक्ष् सञ्चालन करेके, खेलकुद प्रतियोगिता करावेके आ सुरक्षा के दृष्टिकोण से सिसिटिभी क्यामरा जडान करेके तईयारी हो रहल अध्यक्ष चौरसिया बतवनी ।
विद्यार्थीलोग के विद्यालय उपर के आकर्षण बढावेके उदेश्य से उ कार्जक्रम कईल विद्यालय के प्रधानाध्यापक प्रमोद प्रसाद चौरसिया बतवनी ।कार्जक्रम मे विद्यालय ब्यवस्थापन समिति के सदस्यलोग, शिक्षक, शिक्षिका, कर्मचारी, शिक्षा प्रेमी, अभिभावक, पत्रकार तथा विद्यार्थीलोग के उल्लेखनिय सहभागिता रहल रहे । विद्यालय पहिलका बेर प्रथम, द्वितिय, तृतिय आ स्कूल मे सर्वोत्कृष्ट अंक लियावेवाला विद्यार्थीलोग के सम्मान कईल जनावल गईल बा । कार्जक्रम के सहजिकरण विद्यालय के शिक्षक राकेश चौरसिया कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।