बीरगंज राजधानी के माग करत बिरोध प्रदर्शन जारी

वीरगंज ०९ माघ
मधेश प्रदेश के स्थायी राजधानी के रुप मे जनकपुर कायम भईला के बाद बीरगंज मे बितल एक हप्ता से बिरोध प्रदर्शन हो रहल बा ।
बीरगंज मे सभी किसिम के सुविधा आ पूर्वाधार रहला पर भी वीरगंज के उपेक्षा कईल कहत अनेकन दल आ उनकर भातृ संगठनसब विरोध प्रदर्शन कईले बाडन । सयुंक्त युवा विद्यार्थी संगठन लोसपा के युवा नेता राजु गुप्ता के अध्यक्षता मे आजु बिरोध प्रदर्शन भईल बा । घन्टाघर से जम्मा होके निकलल मोटरसाईकल जुलुस नगर परिक्रमा करत मुर्ली चौक मे पुगके कोणसभा मे परिणत भईल रहे ।
कोणसभा मे विद्यार्थी नेतालोग बीरगंज मे राजधानी कायम करावे खातिर निरन्तर विरोध के कार्जक्रमसब करत रहेके उलोग प्रतिबद्धता जनवले बाडन । विरोध कार्जक्रम मे सुजित गीरी, महादेव कुर्मी, अली हसन, अमित यादव सगीर अली, सुधीर पटेल लगायत के सहभागीता रहल रहे ।






