‘स्व. नरेश सर्राफ स्मृति पत्रकारिता पुरस्कार’ वीरगंज के युवा पत्रकार आंशु सर्राफ के प्रदान
‘स्व. नरेश सर्राफ स्मृति पत्रकारिता पुरस्कार’ वीरगंज के युवा पत्रकार आंशु सर्राफ के प्रदान

वीरगंज १५ अगहन
स्व. नरेश सर्राफ के स्मृति में स्थापित ‘स्व. नरेश सर्राफ स्मृति पत्रकारिता पुरस्कार’ एह वर्ष वीरगंज के युवा पत्रकार आंशु सर्राफ के प्रदान कइल गइल बा।
स्व. सर्राफ के तिसरका स्मृति दिवस के अवसर पर सोमबार वीरगंज स्थित नेपाल पत्रकार महासंघ, पर्सा के सभाकक्ष में आयोजित कार्यक्रम में यात्रा डेली डटकम के डेस्क सम्पादक आंशु सर्राफ के २१ हजार नगद सहित सम्मानित कइल गइल।
पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी भोला दाहाल दोशाला ओढ़ा के आ प्रशंसापत्र थमा के पुरस्कार प्रदान कइलें।कार्यक्रम के अध्यक्षता सामाजवादी प्रेस संगठन नेपाल, पर्सा के अध्यक्ष शम्भुकुमार सुमन कइले।
वक्तागण स्व. नरेश सर्राफ के पत्रकारिता क्षेत्र में देहल योगदान के स्मरण कइले आ कहलें कि स्व. सर्राफ आजो आधुनिक पत्रकार खातिर प्रेरणादायी व्यक्तित्व बनल बाड़ें।
ओह लोग के मुताबिक स्व. सर्राफ द्वारा स्थापित पत्रकारिता के मूल्य, प्रतिबद्धता आ निष्ठा नया पुस्ता के पत्रकार लोग के सही दिशा देखावत बा।
पुरस्कार वितरण समारोह में स्व. पत्रकार सर्राफ के परिवारजन, पर्सा के प्रहरी उपरीक्षक सुदीप राज पाठक, नेपाल पत्रकार महासंघ के केन्द्रीय सचिव अशोक तिवारी समेत कई गणमान्य व्यक्तित्व के उपस्थिति रहल।





