रतनपुर में कांग्रेस के मोटरसाइकिल रैली, अजयकुमार चौरसिया के अगुवाई में कार्यकर्ता भेटघाट — अधूरा योजना पूरा करे के वादा

रतनपुर में कांग्रेस के मोटरसाइकिल रैली, अजयकुमार चौरसिया के अगुवाई में कार्यकर्ता भेटघाट — अधूरा योजना पूरा करे के वादा

वीरगंज, २८ माघ

पर्सा क्षेत्र नम्बर २ अंतर्गत वीरगंज महानगरपालिका वडा नम्बर २९ रतनपुर में मंगल के दिने नेपाली कांग्रेस के मोटरसाइकिल रैली आ अगुवा कार्यकर्ता भेटघाट कार्यक्रम सफलतापूर्वक सम्पन्न भइल बा।
कांग्रेस उम्मीदवार अजयकुमार चौरसिया के सहभागिता में निकलल मोटरसाइकिल रैली गाँव के परिक्रमा कइले के बाद अगुवा कार्यकर्ता सभ के साथ भेटघाट कार्यक्रम आयोजित कइल गइल।
कार्यक्रम में बोलत पूर्वमन्त्री समेत रहल चौरसिया कहलन कि पिछला संसदीय कार्यकाल में शुरू कइल कई गो योजना अबहियों अधूरा बा, आ अबकी बेर मौका मिलल त ऊ सब योजना पूरा कइल जाई। उ कहलन, “हम एह माटी के बेटा हईं। जनता हमार शक्ति हवे। जनसेवा में हम पहिले भी रहनी, आजो बानी आ आगे भी रहब।”
युवा सभ के भावना आ चाहना के कांग्रेस हमेशा सम्मान करत आइल बा, ई बतावत चौरसिया कहलन कि देश लहड़ आ स्टन्ट से ना, बलुक परिपक्व नेतृत्व से चलेला। कुछ उम्मीदवार खुद के नया बताके जनता बीच आवत बाड़े, ऊ कहनी कि “माघ ६ के मनोनयन से पहिले ऊ लोग कहाँ रहल, पर्सा–२ खातिर का कइल — ई सवाल जनता जरूर पूछो।”
चौरसिया दाबी कइलन कि कांग्रेस के नेतृत्व अब गगन थापा जइसन जुझारु युवा नेता के हाथ में आ गइल बा, जेकरे चलते पार्टी पर जनताके भरोसा फेर से मजबूत भइल बा, आ एह के नतीजा फागुन २१ के चुनाव में साफ दिखी।
कार्यक्रम में कांग्रेस केन्द्रिय सदस्य रामरूप कुर्मी, कांग्रेस पर्सा के पूर्व सभापति अजय द्विवेदी, जिला उपसभापति अशोक गुप्ता, क्षेत्रीय सभापति महमद साहाबुदिन, बहुदरमाई नगरपालिका के पूर्वमेयर नितेन्द्र साह, नेता मदन यादव, रुदल ठाकुर, वकिल सहनी, खलिल मियाँ, सुरेन्द्र मण्डल, राजेन्द्र मण्डल लगायत नेता-कार्यकर्ता सभ के उल्लेखनीय सहभागिता रहल।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।