बहुअरी में रिमा कुमारी यादव के भव्य घरदैलो, फुलमाला से स्थानीय लोगन के जबरदस्त समर्थन
बहुअरी में रिमा कुमारी यादव के भव्य घरदैलो, फुलमाला से स्थानीय लोगन के जबरदस्त समर्थन

वीरगंज १ फागुन
पर्सा क्षेत्र नम्बर–२ अंतर्गत वीरगञ्ज महानगरपालिका–२४ बहुअरी में नेकपा एमाले के घरदैलो कार्यक्रम भव्य तरीका से सम्पन्न भइल। कार्यक्रम के दौरान प्रतिनिधिसभा सदस्य उम्मीदवार रिमा कुमारी यादव के स्थानीय लोग फुलमाला पहिरा के स्वागत आ सम्मान कइलें।
घरदैलो के दौरान टोल–टोल घूमत यादव के मतदाता लोग खुल के समर्थन दिहलस आ कहलस, “रिमा यादव लक्ष्मी के स्वरूप हईं, उनकर जीत तय बा।” स्थानीय लोग फुलमाला, अबिर–टिका लगावत सगुन के रूप में दही आ मिठाई खिला के सम्मान जतवलें।
घरदैलो में यादव स्थानीय समस्या, गुनासा आ सुझाव ध्यान से सुनलीं। ऊ कहलिन कि ऊ भाषण से जादे काम में विश्वास करे वाली नेतृ हईं। शिक्षा, स्वास्थ्य, सड़क, पीयजल आ रोजगार के क्षेत्र में ठोस उपलब्धि दिलावे के प्रतिबद्धता जतवलीं। “जनता के विश्वासे हमार सबसे बड़ा ताकत बा,” ऊ कहलीं। साथे महिलन के आवाज संसद तक पहुँचावे खातिर फागुन २१ के चुनाव में सूर्य चिन्ह पर वोट देके आपन समर्थन देवे के अपील कइलीं।
कार्यक्रम में पार्टी के केन्द्रीय सदस्य विजय सरावगी, समानुपातिक उम्मीदवार बिचारी यादव, वडा नम्बर–२४ के अध्यक्ष विजय कुर्मी, वडा नम्बर–२३ के अध्यक्ष अवधकिशोर कुशवाहा सहित कई स्थानीय नेता–कार्यकर्ता मौजूद रहलें।
घरदैलो में युवा नेता मुकेश द्विवेदी, अजय साह, पिन्टु उपाध्याय, अमल यादव, प्रधुमन यादव आ बिकी सिंह समेत भारी संख्या में समर्थक लोग के सहभागिता देखे के मिलल।
स्थानीय सहभागी लोग के कहनाम बा कि बहुअरी इलाका में एमाले प्रति बढ़त समर्थन से चुनावी माहौल अउरी गरम हो गइल बा।




