पहिल ‘दिनेश गुप्ता प्रतिभा पुरस्कार’ लेखक सुभाष कुमार बैठा के

वीरगंज २ माघ । लेखक दिनेश गुप्ता द्वारा शुरू कइल गइल ‘दिनेश गुप्ता प्रतिभा पुरस्कार’ एह साल भोजपुरी साहित्य के उभरत लेखक सुभाष कुमार बैठा के देवेके सर्वसम्मत निर्णय भइल ।
सुभाष कुमार बैठा द्वारा भोजपुरी में लिखल दुगो किताब— ‘गांव’ (उपन्यास) आ ‘लडाई जिनगी के’ (कविता संग्रह) साहित्य के दुनिया में खूब चर्चा बटोरले बा। निर्णायक मंडल के कहनाम बा कि सुभाष जी के ‘गांव’ उपन्यास में गांव के जनजीवन के जवन सजीव चित्रण ह ऊ सचमुच में उल्लेखनीय आ सराहनीय ह ।
लेखक सुभाष के, केवल सहित्य ही ना ,नेपालीय भोजपुरी के अनेक क्षेत्रन में ओतने योगदान ह । आजु नेपाल में भोजपुरी के जवन अवस्था बा ओमे उनकर अविस्मरणीय योगदान ह । पुरस्कार के घोषणा करत दिनेश गुप्ता कहनी,
“सुभाष कुमार बैठा आपन माई-बोली भोजपुरी में लिख के एह भाषा के अउर अमीर बनवले बाडन। उनकर उपन्यास ‘गांव’ आ कविता संग्रह ‘लडाई जिनगी के’ हमनी के समाज के असली तस्वीर देखावेला। अइसन रचनाकार के सम्मानित कइल हमनी खातिर सौभाग्य के बात बा।”
पुरस्कार के राशि आ सम्मान समारोह के तारीख के जानकारी जल्दीये प्रकाश में लावल जाई।






