सीमावर्ती इलाका में रिमा यादव के घर–घर जनसंपर्क, जनता कहली – “अब काम करे वाला नेतृत्व चाहीं”

सीमावर्ती इलाका में रिमा यादव के घर–घर जनसंपर्क, जनता कहली – “अब काम करे वाला नेतृत्व चाहीं”

वीरगंज, ९ फागुन

पर्सा निर्वाचन क्षेत्र नम्बर–२ अंतर्गत वीरगंज महानगरपालिका–२५ में नेपाल कम्युनिस्ट पार्टी (एमाले) के उम्मीदवार रिमा यादव के शनिचर भोर में घरदैलो कार्यक्रम सम्पन्न भइल। श्रीसिया, खालवा टोला श्रीसिया आ मौसे श्रीसिया टोला पहुँचल उम्मीदवार के स्थानीय बासिंदा लोग फूलमाला पहिरा के गर्मजोशी से स्वागत कइलस।

घर–घर जनसंपर्क के दौरान यादव स्थानीय लोग के समस्या ध्यान से सुनली आ समाधान खातिर पहल करे के प्रतिबद्धता जतवली। खास करके सीमावर्ती इलाका में रहे वाला नागरिकन के सुरक्षा, स्वास्थ्य, शिक्षा, रोजगार, सड़क आ पीयजल समस्या के संसद में जोरदार ढंग से उठावे के बात कहीं।

यादव कहली, “सीमा से सटल गाँव के जनता आजो बुनियादी सेवा आ अवसर से वंचित बा। हम उनका हक–अधिकार खातिर मजबूती से खड़ा रहब।”

उम्मीदवार यादव पिछला निर्वाचित नेता लोग पर इशारा करत कहली कि जनअपेक्षा मुताबिक काम ना भइल। ऊ बतवली कि अब नया पीढ़ी के युवा राजनीति में आगे आ रहल बा आ खाली भाषण ना, बल्कि जमीन पर काम करे वाला नेतृत्व के जरूरत बा।

घरदैलो कार्यक्रम में एमाले के केन्द्रीय सदस्य विजय सरावगी, उपाध्यक्ष आ समानुपातिक उम्मीदवार बिचारी यादव, युवा नेता मुकेश द्विवेदी, अजय साह समेत कई स्थानीय नेता आ कार्यकर्ता लोग सक्रिय रूप से शामिल रहलें।

स्थानीय बासिंदा लोग सीमावर्ती इलाका में चोरी–तस्करी पर रोक, रोजगार सृजन, गुणवत्तापूर्ण शिक्षा आ स्वास्थ्य सेवा विस्तार, सड़क सुधार आ कृषि बाजार के व्यवस्थित करे के मांग रखलें। उम्मीदवार यादव सभे मांग के आपन घोषणापत्र में शामिल कर के लागू करे के भरोसा दिहली।

कार्यक्रम के दौरान क्षेत्र में चुनावी माहौल खासा गरम आ उत्साहपूर्ण देखाइल, जहाँ जनता बदलाव आ विकास के उम्मीद के साथ खुल के समर्थन जतावत नजर आइल।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।