प्रतिपक्ष के अवरोध के बाद तिसरका दिन बईठक स्थगित

पोखरा, ३० फागुन,
गण्डकी प्रदेशसभा के बईठक प्रमुख प्रतिपक्षी दल नेपाली काँग्रेस के अवरोध के चलते आजु तिसरका दिन भी स्थगन भईल बा । प्रदेशसभा सचिवालय सम्बन्धी विधेयक के कुछ बुँदा मे असहमति राखल काँग्रेस निर्वाचन क्षेत्र पूर्वाधार विकास कार्जक्रम सञ्चालन सम्बन्धी कार्यविधि के भी हडपल कहत प्रदेशसभा अवरुद्ध करवले बा ।
बईठक शुरु होते मातर काँग्रेस के सदस्य उठ के अवरोध कईला के बाद बेर बेर सभामुख नेत्रनाथ अधिकारी बईठे खातिर निहोरा कईला पर भी ना बईठला के बाद आवेवाला चईत २ गते दुपहरिया १ बजे तक के खातिर स्थगन कइनी ।
काँग्रेस प्रदेशसभा सचिवालय सम्बन्ध मे व्यवस्थापन करे खातिर बनल विधेयक मे सचिवालय के सचिव के असीमित अधिकार के सीमित करेके माग कईल पार्टी संसदीय दल के प्रमुख सचेतक मणिभद्र शर्मा कँडेल जानकारी देहनी ।
निर्वाचन क्षेत्र पूर्वाधार विकास कार्जक्रम के सञ्चालन सम्बन्ध मे कार्यविधि हडप के नेकपा नेतृत्व के सरकार आपन सांसद के इच्छा मुताविक करे लागल जनावत उ खुदसब ओकर विरोध कईल बतवनी ।
खुदसब के माग सम्बोधन ना होखे तक काँग्रेस प्रदेशसभा अवरोध जारी राखेके उनकर कहनाम रहे ।






