छपकैया–३ में रास्वपा के भव्य पार्टी प्रवेश कार्यक्रम: लगभग ६० नेता–कार्यकर्ता भइलें शामिल

छपकैया–३ में रास्वपा के भव्य पार्टी प्रवेश कार्यक्रम: लगभग ६० नेता–कार्यकर्ता भइलें शामिल

पर्सा ११ फागुन

राष्ट्रिय स्वतन्त्र पार्टी (रास्वपा) के वीरगञ्ज स्थित छपकैया–३ में आयोजित पार्टी प्रवेश कार्यक्रम भव्य रूप से सम्पन्न भइल। पर्सा निर्वाचन क्षेत्र नं.–२ के अंतर्गत छपकैया टोल में भइल एह कार्यक्रम में अलग–अलग दल छोड़ के करीब ६० नेता–कार्यकर्ता आ समर्थक रास्वपा में शामिल भइलें।
वीरगञ्ज महानगरपालिका के कई वार्ड से नेकपा एमाले, जनता समाजवादी पार्टी (जसपा), नेपाली कांग्रेस आ नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी छोड़ के स्थानीय कार्यकर्ता आ समर्थक रास्वपा में आबद्ध भइलें।
नवप्रवेशी सभे के स्वागत पर्सा निर्वाचन क्षेत्र नं.–२ से रास्वपा उम्मीदवार सुशील कुमार कानु खादा आ अबिर लगा के कइलें। कार्यक्रम के संबोधित करत कानु चुनावी एजेन्डा आ क्षेत्र में मौजूद समस्या सभ पर विस्तार से चर्चा कइलें।
कानु खास तौर पर महिला आर्थिक सशक्तीकरण के प्राथमिकता देत कहनी कि घर पर रह के करे लायक प्राविधिक योग्यता सहित कृषि आ पशुपालन तालिम, साथे सिलाई–कटाई जइसन सीपमूलक तालिम चलावल जाई। उनका मुताबिक एह से महिला आत्मनिर्भर बनीहें आ परिवार के आमदनी बढ़े में मदद मिली।
कार्यक्रम में आवे वाला फागुन २१ के चुनाव खातिर संगठन विस्तार, मतदाता परिचालन आ चुनावी रणनीति परो चर्चा भइल। साथे, क्षेत्र के स्थानीय लोगन के बरसों से चलत आ रहल समस्या के समाधान खातिर जीत के बाद प्रभावकारी पहल करे के प्रतिबद्धता कानु

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।