राष्ट्रियसभा बईठक ‘रुग्ण उद्योग कहिया सञ्चालन मे आई ?

काठमाण्डु ६ माघ

देश के आर्थिक समृद्धि के प्रमुख आधार के रूप मे लेहल गईल उद्योग क्षेत्र के विकास मे उल्लेख्य ध्यान देवे खातिर सरकार के सांसदलोग से निहोरा कईले बानी । राष्ट्रियसभा के आजु के बईठक मे विशेष समय मे उलोग से सरकार के लगानी मे रहल कैयन उद्योग रुग्ण अवस्था मे रहल कहत तत्काल सञ्चालन करे खातिर सरकार के ध्यानाकर्षण करवनी ।

बईठक मे नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी (नेकपा) के नन्दा चपाईं उद्योग कलकारखाना के आर्थिक विकास के मेरुदण्ड के रूप मे मानल गईला पर भी पिछिलका दिन मे बहुते उद्योग कलकारखाना रुग्ण अवस्था मे रहला से तत्काल उ उद्योग सञ्चालन करे खातिर सरकार के ध्यानाकर्षण करवनी । “अभी भी कैयन उद्योग बेवारिस अवस्था मे बाडन, सरकार तत्काल उ उद्योग के सञ्चालन मे लियावे के पडि”, उ कहनी । सरकारी लगानी मे खुलल करोडो के पूर्वाधार सहित स्थापना भईल दर्जनो उद्योग अभी भी बन्द अवस्था मे बा ।

वीरगंज चिनी कारखाना, हेटौँडा कपडा, भृकृटी कागज कारखाना, गोरखकाली रबर उद्योग, हरिसिद्धि इँटा टायल उद्योग, कृषि सामग्री लिमिटेड, बुटवल धागोलगायत उद्योग लम्हर समय से बन्द रहल बा । उ उद्योग के संरचना जीर्ण अवस्था मे बा । सरकार से बन्द भईल तथा रुग्ण उद्योग के पुनः सञ्चालन करेके बतईला पर भी उ उद्योग पूर्ववत् अवस्था मे सञ्चालन मे आवे सकल नइखन ।

लम्हर समय बन्द अवस्था मे रहल नेपाल औषधि लिमिटेड कुछ समय पहिले सञ्चालन मे अईला पर भी ओकरा से पर्याप्त उत्पादन देवे सकल नइखे । नेकपा के हरिचरण शिवाकोटी सुविधा सम्पन्न पूर्वाधार निर्माण करके चिकित्सा शिक्षा अध्ययन करेके उद्देश्य से सञ्चालन मे आईल अस्पताल के सम्बन्धन देवे खातिर सरकार के ध्यानाकर्षण करवनी । “अत्याधुनिक सुविधा देवेवाला किसिम से सरकार के अनुमति लेके हि सञ्चालन मे आईल अस्पताल के चिकित्सा शिक्षा अध्ययन करे खातिर काहे अनुमति ना देवेके ?”, उ सवाल कइनी ।

नेकपा के रामलखन चमार भ्रमण बरीस के प्रवद्र्धन करे खातिर सरकार धार्मिक क्षेत्र के विकास करेके बात मे जोड देहनी । उ जनकपुर, त्रिवेणीधाम, लुम्बिनी लगायत क्षेत्र के जोडेवाला किसिम से पूर्वाधार निर्माण मे सरकार के ध्यानाकर्षण करवनी । राष्ट्रिय जनता पार्टी के रमेश यादव पूर्वाधार निर्माण के नाम मे नागरिक के विस्थापित करेके ना होखी कहके बात मे जोड देत प्रभावित बासिन्दा के उचित मुआब्जा आ जग्गा उपलब्ध करावे के माग कइनी । नेपाली काँग्रेस के तारादेवी भट्ट सरकार से सङ्घीयता कार्यान्वयन मे तदारुकता देखावे ना सकल आरोप लगवनी । सत्ता सञ्चालन करेवाला आदमी मे देखल गईल एकात्मक सोच मे परिवर्तन होखे ना सकल उनकर कहनाम रहे ।

“सङ्घीय व्यवस्था उपर प्रदेश सरकार से सवाल उठावे के अवस्था आईल बा, सङ्घ, प्रदेश तथा स्थानीय तह मे नेकपा के वर्चस्व भईला पर भी कामकारवाही मे तालमेल भईल ना देखल गईल”, कहके बतवनी । नेपाली काँग्रेस के प्रकाश पन्थ वेद व्यास के जन्मभूमि के विकास करके पर्यटन प्रवद्र्धन मे लगावेके बात मे जोड देहनी । व्यास के जन्मभूमि वैदिक दर्शन अध्ययन के केन्द्र बने ना सकेके उनकर कहनाम रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।