गण्डकी प्रदेशसभा मे विधेयक प्रस्तुत।

पोखरा, ७ माघ,
गण्डकी प्रदेशसभा के आजु बईठल बईठक मे ‘गण्डकी प्रदेश विज्ञान तथा प्रविधि प्रतिष्ठान के स्थापना आ सञ्चालन करे खातिर बनल विधेयक’ पेश भईल बा । सभा मे प्रदेश के उद्योग, पर्यटन, वन तथा वातावरणमन्त्री विकास लम्साल उ विधेयक प्रस्तुत कईले बानी ।
आजु के विशेष समय मे बोलत गण्डकी प्रदेशसभा सदस्य राजीव पहारी १३ वाँ दक्षिण एशियाली खेलकूद प्रतियोगिता (साग) अन्तर्गत के भौतिक संरचना निर्माण काम पुरा करे खातिर सरकार के ध्यानाकर्षण करवनी । पोखरा मे सागअन्तर्गत आठ गो खेल सम्पन्न भईल उल्लेख करत उ निर्माण करेके बाँकी काम के समय मे सम्पन्न करेके बात मे जोड देहनी ।
उ निर्मित संरचना के संरक्षण आ उपयोग होखेके जरुरत रहल बतवनी । दोसर सदस्य मीना गुरुङ स्वास्थ्य जनता के मौलिक हक भईल बतावत भौगोलिक विकटता लगायत के कारण से स्वास्थ्य मे सहज पहुँच पुगे ना सकल गाँव बस्ती मे शिविर सञ्चालन करके भईला पर भी स्वास्थ्य सेवा पुगावे के बतवनी ।
दोसर सदस्य धनमाया लामा विधतायुक्त हमनी के समाज मे अनेकन जातजाति के संस्कृति के जगेर्ना करत राज्य से सार्वजनिक छुटी देवेके बतवनी ।
बईठक के शून्य समय मे बोलत प्रदेशसभा सदस्य कृष्ण थापा आ मेखलाल श्रेष्ठ समसामयिक विषय मे सरकार के ध्यानाकर्षण करवले रहनी । प्रदेशसभा के दोसर बईठक माघ १२ गते १ बजे बईठेके सभामुख नेत्रनाथ अधिकारी जानकारी देहनी ।






