जनसेवा से संसद तक पहुँचलें कानु, पर्सा क्षेत्र नं. २ के विकास खातिर कइलें बड़ा संकल्प

जनसेवा से संसद तक पहुँचलें कानु, पर्सा क्षेत्र नं. २ के विकास खातिर कइलें बड़ा संकल्प

पर्सा २६ चैत

पर्सा जिला के क्षेत्र नं. २ से निर्वाचित सांसद कानु जनताके सेवा आ विकास के प्रति आपन प्रतिबद्धता दोहरवले बाड़ें। ऊ पहिले वीरगंज महानगरपालिका के वडा नं. १० के वडाध्यक्ष रह चुकल बाड़ें, जवन समय में ऊ वडास्तर पर जनताके चित्त बुझावे वाला विकास निर्माण के काम कइले रहलें।

जनता के सुख-दुख में हमेशा साथ देवे वाला छवि के कारणे जनता उनका पर भरोसा जतावत सांसद पद पर विजयी बनवले। सांसद कानु कहलें कि वडाध्यक्ष रहते समय ऊ हमेशा जनताके सेवा खातिर तत्पर रहलें आ अब सांसद बने के बाद पर्सा क्षेत्र नं. २ के समग्र विकास खातिर जनतामुखी काम करे के संकल्प लेले बाड़ें।

ऊ आगे कहलें कि क्षेत्र के हर समस्या के संसद तक पहुंचावल जाई आ ओकर दीर्घकालीन समाधान खातिर हर संभव प्रयास कइल जाई। सांसद कानु विश्वास जतवले कि जनता के अपेक्षा पर खरा उतरते क्षेत्र के विकास में नया गति दीहल जाई।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।