ल्होछार पर्व के अवसर मे ठोरी तीन दिन बन्द

वीरगंज १० माघ,
पर्सा के ठोरी गाँवपालिका सोनाम ल्होछार पर्व के अवसर मे तीन दिन सार्वजनिक छुटी देहले बा । तामाङ जात के बाहुल्य भईला से ल्होछार मे पालिका क्षेत्र भितर के सभी सार्वजनिक कार्यालयसब मे माघ ११ गते से १३ गते तक तीन दिन छुटी देहल गईल गाँवपालिक के कार्यालय जनवले बा ।
गाँवपालिका के प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत धर्मराज बहादुर थापाद्वारा जारी सूचना मे तामाङ जात के नव बरीस २८५६ वाँ सोनाम ल्होछार के शुभकामना भी देहल गईल बा ।
शुक के दिने हि नेपाल तामाङ घेदुङ ठोरी गाँवपालिका आ नेपाल तामाङ घेदुङ जिल्ला समन्वय समिति सोनाम ल्होछार मे तीन दिन सार्वजनिक छुटी देवेके माग कईले रहलन । मोटरसाइकल जुलुस सहित के टोल ठोरी गाँवपालिका कार्यालय मे जाके ल्होछार पर्व मे ३ दिन छुट्टि देवेके माग सहित के ज्ञापनपत्र भी बुझावल गईल रहे ।
नेपाल तामाङ घेदुङ जिल्ला समन्वय समिति पर्सा के अध्यक्ष ङेमा लामा पाख्रिन (निमा) नेतृत्व के टोली प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत थापा के ज्ञापनपत्र बुझवले बाडन । गाँवपालिका मे तामाङ समुदाय के बाहुल्यता भईला से सोनाम ल्होछार (जिवा ल्हो) मे पालिका मे तीन दिन छुटी देवेके माग कईल पाख्रिन बतवनी । मन्जुश्री सम्वत २८५६ वाँ सोनाम ल्होछार के अवसर मे उलोग शुभकामना आदानप्रदान कार्जक्रम भी कईले रहलन ।





