देश सञ्चालन सहमति के आधार मे

काठमाण्डु ११ माघ,

प्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओली, नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी (नेकपा) के अध्यक्ष पुष्पकमल दाहाल ‘प्रचण्ड’ आ नेपाली काङ्ग्रेस के सभापति शेरवहादुर देउवा बीच देश के समसामयिक राजनीतिक परिस्थिति के सन्र्दभ मे छलफल भईल बा ।

प्रधानमन्त्री निवास बालुवाटार मे आजु सबेरे भईल छलफलल मे नेताबीच देश सञ्चालन कईला पर साझा सहमति आ सहकार्य के आधार मे अगाडि बढेके सहमति भईल छलफल मे सहभागि नेकपा संसदीय दल के उपनेता सुवास नेम्बाङ जानकारी देहनी । उ देश सञ्चालन कईला पर कैयन बात प्रतिपक्ष सँगे भी मिल के करेवाला भईला से प्रधानमन्त्री प्रतिपक्ष दल के नेता सँगे छलफल कईल बतवले बानी ।

“राज्य सञ्चालन कईला पर सत्तापक्ष आ प्रतिपक्ष बीच साझा सहमति जरुरी होखी, उहे साझा सहमति खोजे खातिर छलफल भईल बा”, कहत उ, “संसद् सञ्चालन से राजनीतिक नियुक्त तक सभी सहमति के आधार मे करेके सहमति भईल बा ।”

प्रधानमन्त्री ओली एकरा से पहिले सत्यनिरुपण तथा मेलमिलाप आयोग आ बेपत्ता आदमी के छानबिन आयोग के पदाधिकारी नियुक्त प्रतिपक्ष दल काङ्ग्रेस से छलफल करके मात्र कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।