
वीरगंज १२ माघ,
नेपाल पत्रकार महासंघ के सदस्यता के खातिर भरल र्गल फर्म आजु सदस्यता वितरण तथा सुद्धरिकरण समिति के बुझावल गईल बा ।
महासंघ के पर्सा शाखा मे नयाँ सदस्यता के खातिर पडल एक सय २३ जने के दरखास्त फारम समिति के बुझावल गईल बा ।
महासंघ पर्सा शाखा के अध्यक्ष श्याम बन्जारा दरखास्त फारम बुझावत वास्तबिक पत्रकार के सदस्यता वितरण मे कउनो कसर बाँकी ना रो खातिर समिती से निहोरा कइनी । उ लम्हर समय से पत्रकारिता कईल, पत्रकारिता के हि पेशा बनावल बैधानिक मापदण्ड पुगल पत्रकार के सदस्यता देवे खातिर सिफारिस करके शाखा के सहजीकरण करे खातिर भी निहोरा कईले रहनी ।
ओकरा बाद आजु समिति के बईठक भी बईठल बा । दरखास्त फारम बुझला के बाद वीरगंज मुर्ली स्थित रहल महासंघ पर्सा शाखा के भवन हि समिति के बईठक बईठल बा ।
बईठक से आवेवाला बईठक से बिबिध मापदण्ड निर्माण करके अगाडि बढेके निर्णय कईले बा । महासंघ पर्सा के उपाध्यक्ष अनुप तिवारी संयोजक रहल समिति मे धुव्र साह, रामनारायण कुर्मी, युवराज खड्का, विजय कुशवाहा, आर.के. पटेल, भुषण यादव, संजिव मिश्रा, शुस्मा शर्मा रहल बाडन ।





