प्रदेश मातहत मे पुलीस के लियावे के काम हो रहल बा :- मुख्यमन्त्री राउत

वीरगंज २५ माघ,

प्रदेश नं. २ के मुख्यमन्त्री द्वारा संचालन कईल बेटी पढाव, बेटी बचाव अभियान अन्तर्गत के बेटी शिक्षा विमा के रकम ३ लाख पुगवले बा । २०७५ माघ १ के बाद जनमल बेटीलोग के ३ लाख के बेटी शिक्षा विमा करेके घोषणा कईल एगो कार्जक्रम के बिच मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत गद्दी अइसन बतवले बानी ।

पर्सा के पकहामैनपुर गाँवपालिका के श्री नेरा माध्यमिक बिद्यालय मे आयोजना कईल कार्जक्रम के उदघाटन करत मुख्यमन्त्री राउत मधेश मे जनमेवाली बेटी के बोझ के रुप मे ना लेवे खातिर निहोरा करत अब मधेश मे जनमला के बाद तीन लखिया बेटी होके जनमेके बतवनी ।

प्रदेश सरकार बेटीलोग के खातिर तीन लाख के बेटी शिक्षा बिमा लागु करके हरेक नगरपालिका, गाँवपालिकासब मे अभियान संचालन करके बेटी शिक्षा बिमा खोलल बतवनी ।

मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत २०७५ माघ १ गते के बाद प्रदेश मे जनमल बेटीलोग के अब ३ लाख मिलेके घोषणा कईले बानी । मधेश मे जनमेवाला बेटीलोग अब लखपति ना तीन लखिया भईल बानी । स्थानीय सरकारसब के भी ई अभियान मे सहजोग करे खातिर निहोरा करत मुख्यमन्त्री राउत हमनी अभी तीन लाख पुगवले बानी, स्थानीय सरकार सहजोग कईला पर ई पइसा के २० बरीस मे २० लाख पुगावे के लक्ष्य लेहल गईल बा । बेटी शिक्षा विमा मे पकहामैनपुर गाँवपालिका तीन लाख के बेटी शिक्षा बिमा करेके घोषणा कईला के बाद मुख्यमन्त्री गदी गाँवपालिका अध्यक्ष बिजय चौरसिया के बधाई देहनी ।

करिब १९ हजार विमा प्रदेश सरकार कर चुकल बा । जनानीलोग के खातिर प्रदेश सरकार ५० प्रतिशत आरक्षण लेके आईल बा । अब प्रदेश मे आठ जिल्ला मेसे पाँच जिल्लासब मे जनानी एसपी होखिहें, अभी हि पर्सा मे जनानी एसपी गंगा पन्त आईला मे मुख्यमन्त्री राउत बधाई भी देहनी । प्रदेश मातहत पुलीस के लियावे के काम हो रहल बतवनी ।

मुख्यमन्त्री राउत बहुते विपन्न दलित तथा मुस्लिम परिवार के किलास १ से ८ तक के लइकालइकी के हरेक महिना पाँच सय देवेके खुदसब के योजना रहल बा । ई आर्थिक बरीस मे १४ हजार लइकीलोग के साईकिल बाँटल गईल बतावत आवेवाला बरीस मे २० हजार लइकीलोग के अभियान चला के साईकल बाँटेके बतवनी ।

पकहामैनपुर गाँवपालिका अध्यक्ष बिजय प्रसाद चौरसिया के अध्यक्षता मे भईल शिविर मे आजु १ सय ६५ जने बेटीलोग के बिमा भईल बतवनी । कार्जक्रम मे निलम्बित सांसद हरिनाराय रौनियार, प्रदेश सांसद पहलाद गिरी, मंजुर अंसारी, गाँवपालिका उपाध्यक्ष कुशमी देबी लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहनी ।

कार्जक्रम मे सखुवाप्रसौनी गाँवपालिका के अध्यक्ष प्रदिप जयसवाल, समाजबादी पार्टी पर्सा के अध्यक्ष रामनरेश प्रसाद यादव, जिल्ला सचिव तबरेज आलम, वीरगंज महानगर अध्यक्ष ईश्वर यादव, बेटी शिक्षा बिमा के पर्सा संयोजक आमोद यादव, वार्ड अध्यक्ष मदन साह, अमिका सहनी, ढेरी यादव, लखमन पटेल, योगेन्द्र पाण्डे, कार्यपालिका सदस्य प्रमुख प्रसाशकिय अधिकृत महेश सिंह, बेटी शिक्षा बिमा के जिम्मा लेहल प्रभु बैंक के तारा महतो, नुसरत जहाँ, अरबिन्द साह, लगायत के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।