साहित्यकार आ पत्रकार दिनरात खट के समाज आ जनता के सुसूचित करत अईला मे मुख्यमन्त्री राउत कइनी सराहना

वीरगंज ०२ फागुन,
पत्रकार गोपालचन्द्र गौतम प्रतिष्ठान से स्थापना कईल गोतामे पत्रकारिता स्वर्ण पदक आजु एक कार्जक्रम के बीच मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत झापा के पत्रकार केशव आचार्य के एक तोला सोना के पदक देहले बानी ।
नेपाल पत्रकार महासङ्घ पर्सा के सभाहल मे पुरस्कार वितरण करत मुख्यमन्त्री राउत साहित्यकार आ पत्रकार अहोरात्र खट के समाज आ जनता के सुसूचित करत आईल बतवनी । चार दशक पहिले गोपालचन्द्र गौतम से कईल पत्रकारिता अभी के समय मे मूल्यांकन करे ना सकेके उनकर कहनाम रहे ।
“समाज मे अभी भी जनानी दलित, समाज के कमजोर पक्ष, विपन्न, मुस्लिम के देखेवाला दृष्टिकोण गलती बा । ओमे परिवर्तन ना करे तक समाज विकसित होखे ना सकि । समाज के अगाडि बढावे खातिर उलोग के सशक्त बनावे के पडि,” कहनी । २१ वाँ शताब्दी मे भी विभेद कायमे रहल कहत उ समाज मे हेपाईल आदमीसब के सशक्तीकरणक के खातिर प्रदेश सरकार काम कर रहल बतवनी ।
मुख्यमन्त्री गद्दी प्रतिष्ठान से रु १० हजार से शुरु कईल पुरस्कार राशि एक तोला सोना मे परिणत कईला मे सराहना करत सहजोग करेके आश्वासन देहनी ।
कार्जक्रम मे मानव अधिकारकर्मी बद्री खतिवडा, नेपाल पत्रकार महासङ्घ प्रदेश २ के अध्यक्ष दीपेन्द्र चौहान स्व. गोपालचन्द्र गौतम के बारे मे चर्चा–परिचर्चा कईले रहनी ।
प्रतिष्ठान के अध्यक्ष जगदीशप्रसाद शर्मा के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे उपाध्यक्ष चन्द्रकिशोर स्व. गौतम के जीवनी के बारे मे चर्चा कइनी । कार्जक्रम मे प्रतिष्ठानका सदस्य एवं नेपाल पत्रकार महासङ्घ पर्सा के अध्यक्ष श्याम बन्जारा धन्यवाद ज्ञापन कईले रहनी आ सहजीकरण प्रतिष्ठान के सदस्य एवं नेपाल पत्रकार महासङ्घ प्रदेश २ के उपाध्यक्ष केसी लामिछाने कईले रहनी ।
कार्जक्रम मे स्व. गौतम के मेहरारु सुधा गौतम, बेटा हिमाल गौतम, वीरगंज महानगर के उपप्रमुख शान्ति कार्की, मानव अधिकारकर्मी नन्दन अर्याल, समाजसेवी पशुपति विक्रम शाह, उषा शाह, नेपाल रेडक्रस सोसाइटी पर्सा के उपसभापति मधु राणा, नेकपा पर्सा के अध्यक्ष प्रभु हजरा, राजपा के सहमहासचिव निजामुद्दीन समानी, समाजवादी पार्टी जिल्ला सचिव तबरेज अहमद लगायत के सहभागिता रहल रहे ।






